For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सरकार से आर-पार के मूड में किसान, 16 फरवरी के भारत बंद के आह्वान

01:16 PM Feb 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
सरकार से आर पार के मूड में किसान  16 फरवरी के भारत बंद के आह्वान
Advertisement

Advertisement

किसान अब अपना मांग पूरा करावे खातिर सरकार से टकराव करे के मूड में बाड़े। 13 फरवरी के दिल्ली मार्च करे के एलान कइला के बाद संयुक्त किसान मोर्चा आ किसान मजदूर मोर्चा समेत 26 गो किसान संगठन अब 16 फरवरी के भारत बंद के आह्वान कइले बाड़न। दूसर ओर हरियाणा सरकार अपना पूरा ताकत के इस्तेमाल किसान के रोके में कईले बिया। पंजाब आ हरियाणा के सीमा पूरा तरह से सील कs दिहल गइल बा। संगही, अधिकतम संख्या में सुरक्षा बल के तैनाती कईल गईल बा।

पंजाब के किसान ट्राली से दिल्ली जाए खातिर दस हजार ट्रैक्टर हरियाणा में घुसे के एलान कइले बाड़न। एकरा खातीर शंभू बॉर्डर, डबवाली अवुरी खनौरी बॉर्डर के चयन कईल गईल बा। एह तीनों सीमा के सील कs दिहल गइल बा। एतना बड़ संख्या में सुरक्षा बल के इहाँ तैनात कईल गईल बा। पुलिस के संगे- पंजाब-हरियाणा सीमा पs बीएसएफ अवुरी आरएएफ के जवान के भी तैनात कईल गईल बा।

एकरा संगे पंजाब के किसान के हरियाणा होत दिल्ली जाए से रोके खातीर अंबाला में धारा 144 लगावल गईल बा। पंजाब आ हरियाणा के शंभू सीमा सीमेंट के बैरिकेडिंग आ कांटेदार तार से पूरा तरह से सील कs दिहल गइल बा। प्रशासन घग्गर नदी पs बनल पुल भी बंद कs देले बा। बहादुरगढ़ में पांच लेयर सुरक्षा के इंतजाम कईल गईल बा। टिकरी सीमा पs कांटेदार तार अवुरी सीमेंट के बैरिकेड लगावल गईल बा।

Tags :
Advertisement