For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Farmers Protest: ' ई एगो राजनीतिक बयान हऽ, आंदोलन करे के ई तरीका ठीक नइखे'; डल्‍लेवाल के वायरल वीडियो पऽ भड़कले मनोहर लाल

05:04 PM Feb 15, 2024 IST | Sonu Kishor
farmers protest    ई एगो राजनीतिक बयान हऽ  आंदोलन करे के ई तरीका ठीक नइखे   डल्‍लेवाल के वायरल वीडियो पऽ भड़कले मनोहर लाल
Advertisement

Farmers Protest भाकियू प्रधान डल्‍लेवाल के पीएम मोदी के ग्राफ नीचे लिआवे वाला बयान पऽ हरियाणा के मुख्‍यमंत्री मनोहर लाल आपन प्रतिक्रिया देले बाड़न। सीएम मनोहर कहले हऽ कि ई एगो राजनीतिक बयान हऽ। जदि अतना बड़हऽन विरोध प्रदर्शन कइल गइल तऽ का लोग पीएम मोदी के समर्थन कइल बंद करऽ दी ? उहें सीएम आगे कहलन कि जनता में में ई बातो फइल रहल बा कि किसानन के जड़िये जवन आंदोलन कइल जाता ई सही तरीका नइखे।

Advertisement

मनोहर लाल पंजाब सरकार पऽ सधले निशान

मुख्‍यमंत्री किसान आंदोलन के लेके प्रेस कॉन्‍फ्रेंस कइले। एही घरी सीएम किसानन के ए तरीका के प्रदर्शन के पूरा तरह से गलत ठहरवले। उऽ कहले कि किसानन के मांग केंद्र सरकार से बा ना की हरियाणा सरकार से। साथहि मुख्‍यमंत्री पंजाबो सरकार पऽ निशाना सधले हऽ। उऽ कहले कि दिल्‍ली जाए खातिर किसान लो अपना ट्रैक्‍टर पऽ एक महीने के राशन लेके जा रहल बा, का उनका लोग के सोंच सही बा ?

उहें मनोहर लाल पंजाब सरकार पऽ तंज कसके बोलले कि मान सरकार पहिले हरियाणा सरकार के देखे कि हमनी अपना किसानन खातिर कतना काम कइले बानी। आप सरकारो के आपना किसानन के जादे से जादे एमएसपी देवे के चाहीं।

Tags :
Advertisement