For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

PM Kisan Yojana: किसान ध्यान देवे लो अभियो आ सकत बा अटकल 18वीं किस्त, तुरंत करा लीं ई काम

06:13 PM Oct 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
pm kisan yojana  किसान ध्यान देवे लो अभियो आ सकत बा अटकल 18वीं किस्त  तुरंत करा लीं ई काम
PM Kisan - फोटो : Adobe Stock
Advertisement

PM Kisan Samman Nidhi Yojana: 5 अक्तूबर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी महाराष्ट्र के वाशिम जिला में पीएम किसान सम्मान निधि योजना के 18वीं किस्त जारी कइले रहस। 18वीं किस्त के लाभ मिलला के बाद से देशभर के कइयन गो किसान बहुते खुस बा लो। ओहिजा, कइयन गो किसान अइसनो बा लो, जेकरा खाता में अबकी बेर पीएम किसान सम्मान निधि योजना के 18वीं किस्त नइखे आइल। बीतल लमहर समय से कइयन गो किसान 18वीं किस्त के इंतजार करत रहे लो। ओहिजा, 18वीं किस्त जारी होखला के बाद जवना किसानन के खाता में अभी ले पईसा नइखे आइल ओकरा परेसान होखला के जरूरत नइख। देसभर में कइयन गो किसान गलत ढंग से पीएम किसान सम्मान निधि योजना के लाभ लेत रहे लो। एह कारण सरकार पीएम किसान सम्मान निधि योजना में ई-केवाईसी आ भूलेखन के सत्यापन कइल अनिवार्य कs देले बिया।

Advertisement

PM Kisan new - फोटो : Adobe Stock
PM Kisan new - फोटो : Adobe Stock

ऊ किसान जे पीएम किसान सम्मान निधि योजना में ई-केवाईसी आ भूलेखन के सत्यापन ना करवले रहे ओकर पीएम किसान सम्मान निधि योजना के 18वीं किस्त के लाभ नइखे मिलल।

जदि रउआ 18वीं किस्त के लाभ प्राप्त कइल चाहत बानी तs रउआ जल्दी से जल्दी योजना में अपना भूलेखन के सत्यापन आ ई-केवाईसी करा लेवे के चाहीं। एह दुनो जरूरी कामन के करवला के बाद राउर अटकल 18वीं किस्त जारी हो जाई।

एकरा अलावे जे किसान योजना में आवेदन करत घरी गलत जानकारी दर्ज कइले रहे लो, ओकरो खाता में 18वीं किस्त के पईसा नइखे आइल। अटकल 18वीं किस्त के लाभ प्राप्त करे खातिर रउआ जल्दी से जल्दी गलती के ठीक करा लेवे के चाहीं।

kisan rupees new - फोटो : istock
kisan rupees new - फोटो : istock

पीएम किसान सम्मान निधि योजना भारत सरकार के एगो महत्वाकांक्षी स्कीम हs। एह स्कीम के उद्देश्य देस के छोट आ सीमांत किसानन के आर्थिक सहायता प्रदान करे के बा।।

Tags :
Advertisement