टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा- सिवान NH पऽ ट्रक आ स्कॉर्पियो के बीच भीषण टक्कर

08:15 AM Sep 15, 2024 IST | Sonu Kishor
दुर्घटना स्थल पऽ रोअत बिलखत मृतक के परिवार वाला
Advertisement

छपरा-सिवान मेन रोड पर एगो भयानक हादसा सामने आइल बा। एह हादसा में आर्केस्ट्रा संचालक के जान चल गइल। इ हादसा दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक ट्रक आ स्कॉर्पियो के टक्कर में भइल। मरेवाला के पहचान सिवान जिला के दारौंदा थाना क्षेत्र के भिखाबंध गांव के निवासी अभय किशोर उपाध्याय के रूप में भइल बा। पुलिस मामला के छानबीन करतिया।

Advertisement

छपरा-सिवान मेन रोड प दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक एतवार के सबेरे ट्रक आ स्कॉर्पियो के बीच भारी टक्कर भइल। एमें आर्केस्ट्रा संचालक के मौत हो गइल बा।

बतावल जाता कि मरेवाला सिवान जिला के दरौंदा थाना क्षेत्र के भिखाबंध गांव निवासी स्वर्गीय रामप्रवेश उपाध्याय के बेटा अभय किशोर उपाध्याय (65 साल) बतावल जाता। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन शुरू कऽ देलस।

मिलल जानकारी के मुताबिक रात के करीब 2 बजे आर्केस्ट्रा के संचालक अभय किशोर उपाध्याय स्कॉर्पियो से छपरा स्टेशन प जात रहले। कुछ लोग बंगाल से सीलदह-बलिया एक्सप्रेस ट्रेन से आवत रहले, उ लोग के ले आवे वाला रहले।

एही बीच दाउदपुर थाना क्षेत्र के नंदलाल सिंह कॉलेज के नजदीक एगो ट्रक अवुरी स्कॉर्पियो के टक्कर हो गइल। मौका पs उनकर मौत हो गइल। ट्रक चालक ए घटना के जानकारी पुलिस के देले।

Tags :
Accident Accident NewsAccident news Chaprachapra newschapra Siwan NH accidentChhapra BiharDaudpurDurghatna newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsSiwan NH
Advertisement
Next Article