टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटना जीआरपी के ब्लैकमेलर थानेदार समेत छह पुलिस वालन पऽ एफआइआर, अबहीं ले तीन जने सस्पेंड

01:40 PM Aug 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पटना। पटना जीआरपी के एसएचओ समेत 6 पुलिस जवान के खिलाफ बड़ कार्रवाई भइल बा। प्राथमिकी दर्ज कइला के बाद उनका निलंबन आ आगे के कार्रवाई के प्रक्रिया चलता। पश्चिम बंगाल निवासी एगो यात्री से जंक्शन पs जीआरपी के जवान के ओर से जेल भेजे के धमकी देके 39 हजार रुपया रंगदारी के मामला बा। रेल पुलिस ए मामला में बड़ कार्रवाई कइले बिया। जीआरपी एसएचओ समेत 6 लोग पs एह मामला में शामिल होखे के मामला दर्ज करावल गइल बा।

Advertisement

पुलिस अधिकारियो के सजा दिहल जाई

एह मामिला में आरोपी सिपाही आ तीन गो ओडी अधिकारी के निलंबित कर दिहल गइल बा। एकरा संगे-संगे पटना जंक्शन थाना अधिकारी के तबादला हो गइल। पुलिस अधिकारी के सजा भी हो सकता। उनका निलंबन के सिफारिश डीआईजी रेलवे के दिहल गइल बा। विभाग से एह मामला में कार्रवाई के प्रक्रिया चलता। विभाग एह पुलिसकर्मियन पs आरोप लगवले बा कि ऊ लोग रेलवे यात्रियन के परेशान कऽ के रेलवे के बदनामी करत बा

का बा मामला

मामला निम्नलिखित बा। मूल रूप से पश्चिम बंगाल के रहेवाला सोमनाथ नैया एक अगस्त के हावड़ा ट्रेन पकड़े खातिर पटना जंक्शन गइल रहले। उऽ रात में स्टेशन प बइठल रहले। तब जीआरपी के जवान चोर के आरोप लगा के थाना ले अइले। थाना में सिपाही कृष्ण कुमार ठाकुर सोमनाथ नइया के जेल भेजे के धमकी देके बीस हजार रुपया लेले रहले। बाद में 30 हजार रुपया अउरी के मांग कइल गइल।

बकाया पइसा के भेजलस?

पीड़िता के निहोरा पs ओकर पिता कोलकाता से स्टेशन पs मेस चलावेवाला रवि के 19 हजार रुपया ऑनलाइन भेज देले रहले। पईसा लेके यात्री के हिरासत से छोड़ दिहल गइल। 4 अगस्त के रेलवे हेल्पलाइन नंबर 139 प शिकायत भइल रहे। जांच वरिष्ठ उपाधीक्षक (मुख्यालय) प्रभाकर तिवारी के सौंपल गइल। पइसा बरामदगी के पुष्टि करेवाला सीसीटीवी फुटेज अवुरी मोबाइल सबूत के आधार पs कार्रवाई कइल गइल।

Tags :
bihar newsBihar policeCrime Newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article