For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

निर्मला सीतारमण पऽ कोर्ट के आदेश के बाद एफ़आईआर दर्ज

11:17 AM Sep 29, 2024 IST | Sonu Kishor
निर्मला सीतारमण पऽ कोर्ट के आदेश के बाद एफ़आईआर दर्ज
केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण (फ़ाइल फ़ोटो)
Advertisement

बेंगलुरु में निर्वाचित प्रतिनिधियन खातिर नामित मजिस्ट्रेट कोर्ट के आदेश का बाद वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आ प्रवर्तन निदेशालय के खिलाफ चुनावी बांड के मुद्दा पर रंगदारी आ आपराधिक साजिश के मामिला दर्ज करावल गइल बा।

Advertisement

आदर्श अय्यर के याचिका पs कोर्ट इ फैसला देले रहे। आदर्श जनअधिकार संघर्ष परिषद (जेएसपी) के सह-अध्यक्ष हउवें। उ मार्च में स्थानीय पुलिस के एगो शिकायत देले रहले, जवना पs कवनो कार्रवाई ना भइल।

कोर्ट के आदेश के ठीक अगिला दिन यानी शनिचर के दुपहरिया करीब 3 बजे प्राथमिकी दर्ज भइल। जेएसपी एगो अइसन संगठन हऽ जवन शिक्षा के अधिकार कानून आ अउरी मुद्दा से जुड़ल समस्या उठावत रहल बा।

एह मामिला में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा आ कर्नाटक भाजपा अध्यक्ष बीवाई विजेंद्र के आरोपी बनावल गइल बा।

Tags :
Advertisement