जम्मू में म्यांमार-बांग्लादेश के नागरिकन आ मददगारन के खिलाफ FIR दर्ज
01:45 PM Dec 19, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
जम्मू पुलिस डोडा जिला में म्यांमार-बांग्लादेश के 10 नागरिकन आ ओकरा मददगारन के खिलाफ FIR दर्ज कइले बिया। पुलिस बिदेसी नागरिकन के गतिविधियन पs निगरानी करे खातिर स्पेशल ड्राइव लॉन्च कइले रहे। एकरा तहत 10 बिदेसियन के खिलाफ तीन FIR दर्ज कइल गइल रहे।
Advertisement
एह बिदेसियन पs आरोप बा कि ओकनी के डोडा में गैरकानूनी तरीका रहे खातिर अवैध तरीका से भारतीय पहचान पत्र हासिल कइले सs। एह डॉक्यूमेंट्स में डोमिसाइल सर्टिफिकेट, आधार कार्ड, राशन कार्ड, वोटर आईडी कार्ड आ पैन कार्ड सामिल रहे।