टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lucknwo News : गुटखा फैक्टरी में लागल आग, पांच कर्मचारी फंसले

12:24 PM Sep 22, 2024 IST | Sonu Kishor
आग बुझावत दमकलकर्मी
Advertisement

Lucknwo News : शनिचर के रात 9:20 बजे लखनऊ के सरोजनी नगर के अमौसी औद्योगिक क्षेत्र में गुटखा कारखाना के दूसरा मंजिल पs अचानक आग लाग गइल। एह दौरान 300 कर्मचारी काम करत रहले। धुआं के चलते पांच कर्मचारी फंस गइले। दमकलकर्मी मौका पs पहुंच के फंसल कर्मचारी के सुरक्षित बचा लेले। एकरा बाद उऽ ब्रीद एनालाइजर पहिन के भीतर घुस गइले आ आग बुतावे के काम शुरू कऽ देले। छह गो दमकल इंजन के मदद से डेढ़ घंटा में आग के लपट पs काबू पा लिहल गइल।

Advertisement

अमौसी औद्योगिक क्षेत्र में कैपेई पाउचेज प्राइवेट लिमिटेड नांव के एगो फैक्ट्री बा। एह कारखाना में दू गो अलग-अलग ब्रांड के गुटखा बनावल जाला। दुर्घटना के समय दूसरा मंजिल पs हीटर से कच्चा माल सुखावल जात रहे। अपर निरीक्षक अनवर खान बतवले कि इ कारखाना समीर मित्तल के हऽ। दुसरका मंजिल के हीटर में शार्ट सर्किट के चलते आग लागे के आशंका बा।

Tags :
Fire lucknowkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newslucknowlucknow newslucknow news bhojpuri
Advertisement
Next Article