टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गुजरात में IOCL के रिफाइनरी में ब्लास्ट के बाद लागल भीषण आग, एगो मजदूर के मउत, 2 गो घायल

09:10 AM Nov 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
गुजरात के IOCL रिफाइनरी में ब्लास्ट के बाद आग लाग गईल
Advertisement

 

Advertisement

 

गुजरात के वडोदरा में ‘इंडियन ऑयल कॉर्पोरेशन (IOCL)’ के रिफाइनरी के भंडारण टंकी में धमाका के बाद सोमार के दिने आग लाग गइल. एकरा बारे में जानकारी देत ​​एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि एs घटना में 32 साल के मजदूर के मउत हो गईल। आईओसीएल बतवले बा कि दुपहरिया करीब 03:30 बजे बेंजीन भंडारण टंकी में आग लागे के सूचना मिलल, ओकरा बाद दमकल विभाग ओकरा के नियंत्रित करे के प्रयास शुरू कs देलस। सोमार के रात जारी बयान में कहल गईल कि अबे ले आग लागे के कारण के पता नईखे चलल।

आईओसीएल परिसर में स्थिति नियंत्रण में बा’

घटना के जानकारी देत ​​जवाहरनगर थाना के इंस्पेक्टर एबी मोरी कहले कि, 'रिफाइनरी में लागल आग के घटना में ठेका पs काम करेवाला धीमंत मकवाना नाम के आदमी के मउत हो गईल।' वडोदरा के पुलिस आयुक्त नरसिंह कुमार आईओसीएल परिसर के स्थिति काबू में बा बतवले। कुमार बतवले कि वडोदरा के कोयाली इलाका में स्थित रिफाइनरी में भईल विस्फोट के चलते आग लाग गईल। जवन वीडियो सामने आइल बा ओहमें रिफाइनरी से घना धुँआ उठत लउकत बा जवना के कई किलोमीटर दूर से देखल जा सकेला. रिफाइनरी के बहुत कर्मचारी आईओसीएल परिसर से निकलत देखाई देतारे।

सुरक्षा के चलते कर्मचारी के वापस भेज दिहल गईल

पुलिस आयुक्त बतवले कि पाली में काम करेवाला सभ कर्मचारी के रिफाइनरी से बाहर फेंक दिहल गईल। उs कहले कि, 'अगिला पाली खातीर रिफाइनरी पहुंचल लोग के सुरक्षा के चलते वापस भेज दिहल गईल। भंडारण टंकी में मौजूद बेंजीन के जरे में समय लागी।'

 

 

 

Tags :
BlastfireGujaratIOCLOil refineryVadodara
Advertisement
Next Article