टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बेतिया में खाना बनावे के दौरान लागल आग, 7 घर जर के राख

03:33 PM Oct 05, 2024 IST | Sonu Kishor
बेतिया में खाना बनावे के दौरान लागल आग
Advertisement

बेतिया में खाना बनावत घरी आग लाग गइल। जवना के चलते 7 लोग के घर जर के राख हो गइल। आग बुतावत घरी एगो आदमी बुरा तरह से जर गइल। उनकर पहचान दीना यादव के रूप में भइल बा। जेकर इलाज स्थानीय स्तर पर चल रहल बा। घटना के सूचना बेतिया के योगपट्टी थाना क्षेत्र के चौमुख पंचायत के सेधा टोला गांव से मिलता।

Advertisement

बता दीं कि आग लगला के जानकारी मिलते स्थानीय लोग मौका पs पहुंच के योगपट्टी थाना के थाना अधिकारी आ सर्कल अधिकारी के घटना के जानकारी देले। जवना के बाद फायर ब्रिगेड के जवान मौका पs पहुंचले आ स्थानीय लोग के मदद से आग पर काबू पा लिहल गइल।

7 गाँव के लोग के मकान जर के राख हो गइल

स्थानीय जनप्रतिनिधि बतवले कि दीना यादव के घर में सबसे पहिले खाना बनावत घरी आग लागल रहे। जवना के बाद आग लगला के चलते लालबचन यादव, जगरनाथ यादव, दुर्योधन यादव, आनंद यादव, सुभाष यादव अउरी सुरेंद्र यादव के घर आ सभ सामान जर के राख हो गइल।

गाँव के लोग बतवले कि बारह लाख से अधिका के घाटा भइल बा

घटना के जानकारी मिलते स्थानीय थाना के ओर से फायर इंजन मौका प भेजल गइल। जेकरा बाद लोग के मदद से घंटों मेहनत के बाद आग पर काबू पा लिहल गइल। बाकिर तब तक घर के सब सामान जरा के राख हो गइल रहे। उहे आग पीड़ित बतवले कि आग के घटना में कपड़ा, राशन के बर्तन समेत करीब 12 लाख रुपया के नुकसान भइल बा।

जल्दिए राहत सामग्री बांटल जाई

खबर के मुताबिक घटना के बारे में जानकारी मिल चुकल अंचल अधिकारी प्रज्ञा नयनम बतवली। मौका पs कवनो कर्मचारी के भेजला के बाद रिपोर्ट तइयार कऽ के जल्दिए पीड़ित लोग के बीच राहत सामग्री बांटल जाई।

Tags :
Betiah newsbihar firekhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article