For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोपालगंज में एगो घर में लागल आग.. 2 गो बचियन के मौत: शॉर्ट सर्किट से फइलल आग...

06:23 PM Apr 02, 2024 IST | Sonu Kishor
गोपालगंज में एगो घर में लागल आग   2 गो बचियन के मौत  शॉर्ट सर्किट से फइलल आग
Advertisement

Gopalganj Bihar: गोपालगंज में मंगर के शॉर्ट सर्किट भइला से एगो घर में अचानक आग लाग गइल। ए आगलगी के घटना में दू गो मासूम बच्चा झुलस गइले। जवना से घटनास्थले पऽ मौत हो गइल। घटना मोहम्मदपुर थाना क्षेत्र के गोपालपुर गांव के हऽ।

Advertisement

मृतक में मोहम्मदपुर थाना क्षेत्र के गोपालपुर गांव निवासी ब्रजेश महतो के 5 साल के बेटी इसानी कुमारी आ दू साल के बेटा कुलदीप कुमार रहलें। ए अगलगी के घटना में करीब 10 से 12 गो घरो जल गइल। फिलहाल, पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सदर अस्पताल भेज के मामला के की जांच में जुट गइल बिया।

दरअसल, घटना के बारे में बतावल जाता है कि गोपालपुर गांव निवासी ब्रजेश महतो अपना बाबू जी साथे खेत में मजदूरी करे गइल रहलें। एही बीच उनकर पत्नी दुनु बच्चन के अपना देवरानी के घर में सुता के अपना पति आ ससुर खातिर खाना लेके खेत में चल गइल रहली। तबे शॉर्ट सर्किट से उनका घर में आग लागल देख दुनु बच्चा लो गइल आ अपनी जान बचावे खातिर अपना रूम में पलंग के नीचे लुका गइल। बाकिर आग के लपेट देखते देखते विकराल रूप ले लेलस।

आग पूरा तरह से फइले लागल। जवना से दुनु बच्चा जिंदा जर गइले आ ओहिजा मौत हो गइल । आग लागे के  सूचना पाके स्थानीय लोगन के भीड़ धीरे-धीरे बढ़े लागल। आग पऽ काबू पावे खातिर सब लोग अपना स्तर से जुट गइल। बाकिर केहू के ध्यान घर में मौजूद बच्चन पऽ ना गइल। जब उनकर माई दउड़ के अइली आ अपना बच्चन के खोजे लगली तऽ दुनु कहीं ना लउकले। तब ले आग विकराल रूप लेके पूरा घर के अपना आगोश में ले लेले रहें। स्थानीय लोगन के ओर से आग पऽ बाड़ा मेहनत के बाद काबू पावल गइल।

सूचना पाक के पुलिस पहुंचल आ फायर बिग्रेड के सूचित कइलस । एक घंटा के बाद जब फायर बिग्रेड के गाड़ी पहुंचल, तब ले आग बूता गइल रहें।

ओहिजा, ए अगलगी के घटना में आउर 12 गो घर ले आग पहुंचल गइल, जवना से आग लागे से लाखों के नुकसान होखे के संभावना बा। मोहम्मदपुर थाना के ASI मोहन कुमार निराला ने बतवले कि गोपालपुर गांव में अगलगी के सूचना मिलल रहें। ए अगलगी में दू गो मासूम बच्चन के जरला से मौत भइल बा। शव के पोस्टमॉर्टम करावल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement