For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लखनऊ में मेट्रो के कोच में लागल आग : बादशाह नगर स्टेशन पर रुकतही धुआं निकले लागल, यात्रियन के उतारल गइल

01:49 PM May 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
लखनऊ में मेट्रो के कोच में लागल आग   बादशाह नगर स्टेशन पर रुकतही धुआं निकले लागल  यात्रियन के उतारल गइल
Advertisement

एह वक्त के बड़ खबर लखनऊ से आ रहल बा। इहां मेट्रो के एगो कोच में आग लाग गइल। बादशाह नगर मेट्रो स्टेशन पs मेट्रो रुकल तs कोच से धुआं उठे लागल। यात्रियन में हड़कंप मच गइल। तुरंत सब यात्रियन के बाहर निकालल गइल।

Advertisement

मेट्रो के स्टाफ भागके मवका पs पहुंचल। यात्रियन के उहां से हटा दिहल। लाइन पs पीछे से आ रहल ट्रेनन के रोक दिहल गइल फिलहाल, अभी हालात काबू में बा। बतावल जा रहल बा कि मेट्रो में शार्ट सर्किट से आग लागल बा। एक्सपर्ट के टीम मवका पs पहुंच रहल बा। फिलहाल, आग के बुझावे के काम कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement