टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कृपाल साड़ी के साथे तीन गो दुकानन में लागल भीषण आग

11:00 AM Mar 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

शनिचर के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे गोलघर जलकल भवन में स्थित तीन गो दोकान में भारी आग लाग गईल। दमकल विभाग के टीम आग के जानकारी मिलला के बाद मउका पs पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू में ले आईल।

सीएफओ बतवले कि आग लगला से दोकान के बाहरी एलिवेशन के बहुत नुकसान पहुंचल बा। टीम के समय पs पहुंचला के चलते साड़ी के दोकान के भीतर आग फईले से रोकल गईल। दू गो फायर टेंडर से आग पूरा तरह से काबू में आ गइल । प्राइमा फेसी में आग लागे के कारण शार्ट सर्किट बतावल जाता। फिलहाल टीम अबे आग से भईल कुल नुकसान के आकलन करतिया। दूसर ओर दोकान मालिक के मुताबिक तीनों दोकान के मिला के करीब 30 लाख रुपिया के घाटा भईल बा। कृपाल साड़ी के सबसे बड़ नुकसान बतावल जाता।

कृपाल साड़ी के जलकल बिल्डिंग में दू मंजिला बड़का दोकान बा। एकरा अलावे एकरा बगल में हिना बुटीक अवुरी आभूषण के दोकान बा। हिना बुटीक में बैटरी के काम होला बतावल जाता की एही दुकान से आग लागल रहे।

 

 

Tags :
accidentAccident Newsaccident news in bhojpurifire in Kripal Vastralayagorakhpur newsGorakhpur News in Bhojpuriकृपाल वस्त्रालय में लगी आगगोरखपुर न्यूजगोरखपुर न्यूज़ इन भोजपुरीदुर्घटनादुर्घटना न्यूज़दुर्घटना न्यूज़ इन भोजपुरी
Advertisement
Next Article