टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली: नजफगढ़ के सैलून में ताबड़तोड़ फायरिंग, गोली लागले से दु गो युवकन के मउत

07:40 PM Feb 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली के नजफगढ़ में एगो सैलून में तेजी से फायरिंग होखला पs दहशत मच गईल। एह फायरिंग में गोली लगला के चलते दू गो नवहियन के मउत हो गइल। सूचना मिलते पुलिस टीम मउका पs पहुंचल अवुरी गोली से घाही दुनो युवक के अस्पताल ले गईल, जहां डॉक्टर ओ लोग के मृत घोषित कs देले।

पुलिस के मुताबिक नजफगढ़ थाना में पीसीआर कॉल आईल, जवना में फोन करेवाला इंद्र पार्क, पिलर नंबर 80 में स्थित सैलून में एगो लईका के गोली मारल गईल जानकारी देले। एकरा अलावे मोहन गार्डन थाना में सूचना मिलल कि गोली से घाही दु लोग के अस्पताल में भर्ती करावल बा।

जानकारी के आधार पs पुलिस जब मउका पs पहुंचल तs पाता चलल कि सोनू अवुरी आशीष नाम के दु लईका के गोली मारल गईल बा, जवना के अस्पताल पहुंचते ही मउत हो गईल। पुलिस दुनो युवक के लाश के पंचनामा भर के पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया अवुरी एs लोग के परिवार के सूचना दे दिहल बा। मामिला के जांच खातीर एफएसएल के टीम के तैनात कईल गईल बा।

 

 

 

Tags :
Crime NewsCrime news in BhojpuriFiringNajafgarhNew Delhi
Advertisement
Next Article