टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

प्राण प्रतिष्ठा के बाद अयोध्या में पहिला दीपोत्सव; 1 संगे बनी 2 विश्व रिकॉर्ड

04:11 PM Aug 24, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

पर्यटन विभाग के उपनिदेशक आरपी यादव दीपोत्सव के तइयारी शुरु भइल बतवनी । एक सितम्बर के अयोध्या में दीपोत्सव के बैठक होई जवना में दीपोत्सव के रूपरेखा तैयार कइल जाई। एह साल के दीपोत्सव में 25 लाख से अधिका दीप जरावल जाई।

Advertisement

अयोध्या में अबकी के दीपोत्सव बहुत खास होई। जवना के तइयारी शुरू हो चुकल बा। अयोध्या में एह साल 28 अक्टूबर से 31 अक्टूबर का बीच दीपोत्सव के आयोजन कइल जाई। सूत्र के मुताबिक दिवाली महोत्सव में अबकी बेर 25 लाख से जादे दीप जरा के एगो नाया विश्व रिकॉर्ड बनावल जाई। एतने ना, रोशनी के भव्य उत्सव के संगे-संगे सरयू के महाआरती भी आकर्षक होई। सरयू के महा आरती के रिकार्ड बनावे के तइयारी भी चल रहल बा। सरयू के महाआरती एक साथ सरयू घाट पर 1100 संत आ गणमान्य लोग के मौजूदगी में करावल जाई।

गौरतलब बा कि एह साल के दीपोत्सव बहुते खास होखी काहे कि राम लल्ला के अभिषेक के बाद अयोध्या में एह पहिला दीपोत्सव के आयोजन कइल जाई। जवना में 25 लाख से अधिका दीपक जरा के एगो नया विश्व रिकार्ड बनावल जाई। एकरा संगे-संगे पहिला बेर सरयू के महा आरती के आयोजन भी होई। जेकर विश्व रिकार्ड भी बन जाई। एकरा अलावे अयोध्या के सड़क पs एगो टेबल्यू निकालल जाई, ई टेबल्यू राम कथा पार्क से साकेत महाविद्यालय तक राम राज्याभिषेक के यात्रा में आकर्षण के केंद्र होई। एकरा अलावे ए साल के दीपोत्सव में पहिला बेर अइसन बहुत गतिविधि के आयोजन होई जवन कि आकर्षण के केंद्र होई।

पहिला बइठक एक सितंबर के होखी

पर्यटन विभाग के उपनिदेशक आरपी यादव दीपोत्सव के तइयारी शुरु भइल बतवनी । एक सितम्बर के अयोध्या में दीपोत्सव के बैठक होई जवना में दीपोत्सव के रूपरेखा तैयार कइल जाई। एह साल के दीपोत्सव में 25 लाख से अधिका दीप जरावल जाई। अबकी के रोशनी के त्योहार अपने आप में ऐतिहासिक होई।

Tags :
ayodhyaAyodhya latest newsBhojpuri khabarKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialkhabar bhojpuri special news
Advertisement
Next Article