टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कार के अंदर मिलल एके परिवार के 5 लो के शव, सामूहिक खुदकुशी के आशंका; जांच में जुटल पुलिस

11:23 AM Sep 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

जिला के नमनसमुद्रम पुलिस स्टेशन लिमिट्स में एगो घर के बहरी खड़ा एगो कार में 5 शव मिलला से सनसनी फइल गइल। बुध के सबेरे तिरुचि-कारईकुडी राष्ट्रीय राजमार्ग पs नमनसमुद्रम के लगे एगो भवन के बहरी खड़ा एगो कार में एगो परिवार के पाँच गो सदस्य मरल मिलल. पुलिस के मुताबिक इs सभ तमिलनाडु के सेलम के निवासी रहले। पुलिस टीम एs मामला के छानबीन में व्यस्त बिया। फिलहाल सभ शव के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। बतावल जाता कि मणिगंडन नाम के एगो आदमी कारोबार खातीर लोन लेले रहे, जवन कि काफी जादा हो गईल रहे। एह दबाव में परिवार के सभ लोग जहर देके आत्महत्या कs लेले।

मरेवाला सभे एकही परिवार के हवे

मरेवाला लोग के पहचान 50 साल के मणिगंडन, उनुकर पत्नी नित्या (48 साल), उनुकर महतारी सरोजा (70 साल), बेटी निहारिका (22 साल) अवुरी बेटा धीरन (20 साल) के रूप में भईल बा। इs सभ लोग सेलम जिला के स्टेट बैंक कॉलोनी के निवासी रहले। स्थानीय लोग सबेरे 9s बजे इलानकुडीपट्टी के एगो मठ के सामने खड़ा कार के देख के पुलिस के सूचना देले।

पुदुकोट्टई जिला के नमनसमुद्रम पुलिस सभ शव के बरामद कs के पोस्टमार्टम खातीर गवर्नमेंट मेडिकल कॉलेज अस्पताल, पुदुकोट्टई भेज देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि, प्रारंभिक जांच के मुताबिक सभ लोग जहर के सेवन कs के आत्महत्या कs लेले होखे के आशंका बा। हालांकि सामूहिक आत्महत्या के कारण अबे ले पता नईखे चलल।

 

 

 

 

 

Tags :
dead bodydeathfive dead bodiesTamil NaduTiruchi-Karaikudi National Highway
Advertisement
Next Article