टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पिकनिक मनाए गईल एके परिवार के पांच लोग, भवाली डैम में डूबले से भइल सबके मउत

09:06 AM May 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

महाराष्ट्र के नासिक से एगो दुखद घटना सोझा आईल बा। जिला के इगतपुरी तालुका में मंगल के दिने एगो डैम में डूब के चार नाबालिग समेत पाँच जने के मउत हो गइल. घटना के जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि दुपहरिया में भवाली डैम में दुर्घटना भईल। भवाली डैम में डूबे के चलते तीन महिला अवुरी दु पुरुष समेत पांच लोग के मउत हो गईल। सभ लोग नासिक के निवासी हवे अवुरी एकही परिवार के रहे।

पिकनिक मनावे गईल रहले

एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि, "शहर के नासिक रोड उपनगर के गोसावी वाडी इलाका के पांच लोग भवाली डैम पs पिकनिक मनावे गईल रहले, दु लोग पानी में घुस गईले, बाकीर गहराई के अंदाज़ा ना लगावे के चलते उs लोग डूबे लगले।" तीन गो अउरी लोग भी ओह लोग के बचावे खातिर कूद गईले, बाकीर उs लोग भी डूब गईले।" उs बतवले कि घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस टीम मउका पs पहुंच के ओ लोग के बचावे खातीर अभियान शुरू कs देले।

पांचों लाश बरामद भइल

पुलिस अधिकारी बतवले कि, कुछ स्थानीय निवासी के मदद से बाद में पांच लोग के लाश निकाल के इगतपुरी ग्रामीण अस्पताल भेजल गईल। पुलिस के कहनाम बा कि मरेवाला लोग के पहचान इकरा दिलदार खान (14), नाजिया इमरान खान (15), मिस्बाह दिलदार खान (16), अनस खान दिलदार खान (17) और हनीफ अहमद शेख (24) के रूप में भईल बा। मरेवाला के पोस्टमार्टम खातीर अस्पताल भेजला के बाद ओ लोग के परिवार के लोग के बयान दर्ज करावल गईल। मरेवाला सभे एक परिवार के हवे अवुरी परिवार के संगे घूमे खातीर इगतपुरी भवाली डैम आईल रहले।

 

 

Tags :
accidentAccident Newsfamil went for picnicMaharashtraNashik
Advertisement
Next Article