टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Flood in Patna: गंगा में उफान जारी, पटना में दू गो स्थान पऽ खतरा के निशान पार; लोग सुरक्षित जगह पऽ कर रहल बाड़े पलायन

09:37 AM Aug 09, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Flood in Patna: बिहार के राजधानी पटना में गंगा के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते कुछ इलाका में बाढ़ के खतरा बा। लोग के सुरक्षित जगह पs पलायन करे के मजबूर बाड़े। ऑरेंज बुलेटिन जारी करत केंद्रीय जल आयोग कहलस कि गांधी घाट गंगा गंभीर हालत में बहत बिया। पानी के स्तर लगातार बढ़ रहल बा।

Advertisement

गंगा नदी में बढ़ती जारी बा। पटना के गांधी घाट के बाद अब हाथीदह के नदी के जलस्तर खतरा के निशान पार कऽ चुकल बा। तटीय आ दियारा इलाका में नदी के पानी तेजी से फइल रहल बा। कई जगह से लोगो सुरक्षित जगह पs पलायन शुरू कऽ देले बाड़े।

गंगा के पानी गुरुवार के गांधी घाट पs 48.60 मीटर के खतरा स्तर से 18 सेमी ऊपर बहत रहे, शुक के सबेरे 36 सेमी बढ़ गइल बा। हाथीदा में नदी 41.76 के खतरा के निशान से सात सेंटीमीटर ऊपर बहत बिया। दीघा घाट पs खतरा के निशान 50.45 मीटर पs बा, एजा के पानी के स्तर 50.32 सेमी हो गइल बा।

पानी के स्तर 20 से 25 मिलीमीटर प्रति घंटा बढ़ रहल बा। डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह के कहनाम बा कि फिलहाल बाढ़ जइसन इस्थिति नइखे, पानी के स्तर पs लगातार नजर राखल जाता।

 केंद्रीय जल आयोग ऑरेंज बुलेटिन जारी कइलस

केंद्रीय जल आयोग एगो ऑरेंज बुलेटिन जारी कऽ के कहले बा कि गांधी घाट गंगा गंभीर हालत में बहत बिया। पानी के स्तर लगातार बढ़ रहल बा। एकरा में 20 मिलीमीटर प्रति घंटा के बढ़ोतरी हो रहल बा। ई 21 अगस्त 2016 के दर्ज सभसे ढेर पानी के स्तर 50.52 मीटर से 1.74 मीटर नीचे बाटे।

एक दिन पहिले घटत रहे पानी

एक दिन पहिले कम होखे वाला पटना के तमाम घाट पs पानी के ट्रेंड अब बढ़े वाला बा। गुरुवार के सबेरे दीघा घाट पs पानी में 38 सेमी के बढ़ोतरी भइल। शाम तक खतरा के निशान के बहुत करीब पहुंच गइल। मनेर में पानी के स्तर एक दिन पहिले के स्तर पs रहे बाकिर बढ़त जाता।

हाथीदह में पानी के स्तर में एक मीटर से अधिक की वृद्धि

हाथीदह में पानी के स्तर में एक मीटर से अधिक के बढ़ोतरी दर्ज भइल। इहाँ गंगा 41.46 मीटर आ फतुहा के कटैयाघाट पर 47.15 मीटर के रफ्तार से गंगा बहत बिया। श्रीपालपुर में पुनपुन नदी के जलस्तर 49.41 मीटर हो गइल बा।

Tags :
biharbihar floodBihar floodsbihar newsflood newsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article