टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Instagram के एह फीचर से फॉलोअर्स बढ़ी, व्यू मिले के टेंशन खतम हो जाई

02:14 PM May 07, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

इंस्टाग्राम नोटिफाई फीचर: जदी रउरा इंस्टाग्राम के इस्तेमाल करतानी, त रउरा ए फीचर के बारे में भी जानकारी होखे के चाही। जदी रउरा एह फीचर के बारे में जानत बानी त रउरा एह फीचर के फायदा उठा सकेंनी। एकरा बाद राउर पोस्ट प राउर फॉलोअर्स आ व्यूज अपने आप बढ़े लागी ।

Advertisement

इंस्टाग्राम के इस्तेमाल करे वाला सभ लोग के इंस्टाग्राम के बहुत फीचर के बारे में पता होई। बाकी इहाँ हमनी के इंस्टाग्राम के एगो फीचर के बारे में बताइब जवन कि कवनो नाया नइखे बाकी सही तरीका से एकर इस्तेमाल कइला प बहुत फायदेमंद हो सकता। इंस्टाग्राम के नोटिफाई फीचर रउआ खातीर बहुत बढ़िया साबित होई। एह फीचर के चलते रउरा अधिका से अधिका अकाउंट तक पहुंचे में सक्षम होखब ।

 इंस्टाग्राम के एह फीचर से फॉलोअर्स बढ़ी

एह फीचर के इस्तेमाल करे खातिर रउरा बहुते कुछ करे के जरूरत नइखे, एकरा खातिर जब भी रउरा कवनो रील पोस्ट करीं त ओकरा के अपना स्टोरी पर भी शेयर करीं ।

इहाँ ऊपर स्माइल के आइकन प क्लिक करीं, अब आपके सोझा बहुत विकल्प देखाई दिही, notify के विकल्प चुनी। आ स्टोरी पोस्ट करीं।

एहसे राउर सगरी फॉलोअर्स के एगो नोटिफिकेशन भेजल जाई कि रउरा कवनो नया स्टोरी शेयर कइले बानी, रील पोस्ट । जब राउर फॉलोअर्स ओकरा प क्लिक करीहें त सीधे राउर पोस्ट पर चल जइहें ।

एह तरह से नोटिफिकेशन अधिका से अधिका लोग तक चहुँप जाई आ अधिका लोग रउरा प्रोफाइल प आके रउरा के फॉलो करीहें ।

Instagram Notify Feature

Instagram Notify Feature

 

एही तरे रउरा  फायदा होई

इंस्टाग्राम प हर तीसरा यूजर के सिर्फ एगो समस्या होखेला कि ओकर अकाउंट एक्सेस नइखे होखत। खाली 300 से 400 के बीच व्यूज आवेला । ऊपर बतावल गईल फीचर के मदद से रउरा सभ फॉलोअर्स के सूचना भेजल जाई। जब ऊ लोग एह नोटिफिकेशन पर क्लिक करी त राउर व्यू बढ़ जाई ।

बाकिर एगो बात ध्यान में राखे के पड़ी कि रउरा अपना प्रोफाइल प जानकारी भरल रील आ पोस्ट शेयर करे के चाहीं। प्रयोगकर्ता लोग जानकारीपूर्ण सामग्री देखल आ पसंद कइल चाहत बा। जदी राउर सामग्री के क्वालिटी बढ़िया बा त लोग के राउर फॉलो करे के संभावना भी बढ़ जाला।

Tags :
Bhojpuri khabarInstagraminstagram new featureInstagram updateKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Entertainment NewsLatest tech newsSocial MediaSocial Media PlatfornTech Newsबड़ी khabar
Advertisement
Next Article