For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

खानपान विशेष: मुगलई पनीर

01:47 PM Oct 27, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
खानपान विशेष  मुगलई पनीर
Advertisement

मुगलई पनीर बनावे के तरीका

पनीर के छोट-छोट तिकोन टुकड़न में काट लीं। सूखल मेवा में आधा कप गरम पानी डालके आ पीसके पेस्ट बना लीं। फ्राई प्याज में एक कप गुनगुना पानी डालके पेस्ट बना लीं। एगो मोट तल वाल भा नॉन-स्टिक कड़ाही में घी भा मक्खन के गरम करीं आ साबुत मसालन के डालके एक मिनट तक फ्राई करीं। अब एमे अदरक-लहसुन के पेस्ट डालीं आ 5-6 मिनट पकाके हल्दी पाउडर, लाल मिर्च पाउडर आ नमक डालीं आ 3-4 मिनट फ्राई कइला के बाद दही डालके पकाई। उबाल अइला पs मेवा के पेस्ट के डालीं आ डेढ़ कप पानी डालके पकाई। जब उबाल आवे लागल, तब पनीर, मावा, जावित्री पाउडर आ गरम मसाला पाउडर डालके गाढ़ा होखे तक पकाई आ फेर गरमागरम परोसी।

Advertisement

मुगलई पनीर बनावे खातिर सामग्री 

  • 500 ग्राम ताजा पनीर
  • 75 ग्राम देसी घी भा मक्खन 100 ग्राम फ्राई प्याज
  • 02 छोट चम्मच अदरक-लहसुन पेस्ट
  • 1/2 कप दही (फेंटा हुआ)
  • 04 नग लौंग
  • 02 नग बड़ इलायची
  • 02 नग तेज पत्ता
  • 02 ग्राम भा एक चुटकी जावित्री पाउडर
  • 1/2 छोट चम्मच गरम मसाला पाउडर
  • 02 ग्राम हल्दी पाउडर
Tags :
Advertisement