खानपान विशेष: मुगलई पनीर
01:47 PM Oct 27, 2023 IST
|
khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
मुगलई पनीर बनावे के तरीका
पनीर के छोट-छोट तिकोन टुकड़न में काट लीं। सूखल मेवा में आधा कप गरम पानी डालके आ पीसके पेस्ट बना लीं। फ्राई प्याज में एक कप गुनगुना पानी डालके पेस्ट बना लीं। एगो मोट तल वाल भा नॉन-स्टिक कड़ाही में घी भा मक्खन के गरम करीं आ साबुत मसालन के डालके एक मिनट तक फ्राई करीं। अब एमे अदरक-लहसुन के पेस्ट डालीं आ 5-6 मिनट पकाके हल्दी पाउडर, लाल मिर्च पाउडर आ नमक डालीं आ 3-4 मिनट फ्राई कइला के बाद दही डालके पकाई। उबाल अइला पs मेवा के पेस्ट के डालीं आ डेढ़ कप पानी डालके पकाई। जब उबाल आवे लागल, तब पनीर, मावा, जावित्री पाउडर आ गरम मसाला पाउडर डालके गाढ़ा होखे तक पकाई आ फेर गरमागरम परोसी।
Advertisement
मुगलई पनीर बनावे खातिर सामग्री
- 500 ग्राम ताजा पनीर
- 75 ग्राम देसी घी भा मक्खन 100 ग्राम फ्राई प्याज
- 02 छोट चम्मच अदरक-लहसुन पेस्ट
- 1/2 कप दही (फेंटा हुआ)
- 04 नग लौंग
- 02 नग बड़ इलायची
- 02 नग तेज पत्ता
- 02 ग्राम भा एक चुटकी जावित्री पाउडर
- 1/2 छोट चम्मच गरम मसाला पाउडर
- 02 ग्राम हल्दी पाउडर
Next Article