टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खूब खिली चेहरा के रंग, स्किन केयर रूटीन में अइसे शामिल करीं कद्दू

02:01 PM Jun 15, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

कद्दू ना खाली आपके स्वास्थ्य खातीर बालुक आपके त्वचा खातीर भी बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। गरमी में अक्सर लोग के त्वचा से जुड़ल बहुत समस्या के सामना करे के पड़ेला। कद्दू में पावल जाए वाला तत्व आपके त्वचा से जुड़ल समस्या के दूर करे में मददगार साबित हो सकता।

•फेस पैक बना सकेनी

कद्दू से बनल प्राकृतिक फेस पैक आपके त्वचा खातीर वरदान साबित होई। कद्दू के फेस पैक बनावे खातिर एक चम्मच शहद, आधा चम्मच हल्दी पाउडर अवुरी दु कप पिसल कद्दू के एक बड़ चम्मच के दही में मिला के बढ़िया से मिलावे के पड़ेला। अब एह फेस पैक के 20-25 मिनट ले चेहरा अवुरी गर्दन पs लगा के चेहरा धो लीं।

रउरा स्क्रब बना सकेनी

कद्दू के स्क्रब बनावे खातिर कद्दू के पेस्ट में एक चम्मच नींबू के रस, एक चम्मच दही अवुरी शहद मिला के 5 मिनट ले मालिश करीं। महज 10 मिनट के बाद चेहरा धो के आप चमकदार त्वचा पा सकतानी। कद्दू में विटामिन ए, विटामिन सी, विटामिन ई अवुरी एंटीऑक्सीडेंट के बढ़िया मात्रा होखेला जवन कि आपके त्वचा के स्वास्थ्य में बहुत हद ले सुधार कs सकता।

मॉइस्चराइजर/टोनर बनाईं

कद्दू के मॉइस्चराइजर बनावे खातिर कद्दू के पेस्ट में एक बड़ चम्मच एलोवेरा जेल अवुरी नारियल तेल मिला के सुते से पहिले चेहरा पs लगा सकतानी। एकरा अलावे कद्दू के टोनर बनावे खातीर कद्दू के रस निकाल के एक चम्मच गुलाब के पानी मिला के चेहरा पs लगा सकतानी। एह तरीका से कद्दू के अपना स्किन केयर रूटीन में शामिल करीं अवुरी चमकदार त्वचा पाईं। इs दादी के रेसिपी केमिकल ब्यूटी प्रोडक्ट पs पईसा खर्च करे से कई गुना बेहतर साबित हो सकता।

 

 

 

Tags :
beautyfashion and beauty tipsLifestyleSkin Care
Advertisement
Next Article