टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

T20 World Cup इतिहास में पहिला बेर कवनो बल्लेबाज भइल 'Retire OUT', नामीबिया के कप्तान के रिकॉर्ड बुक में दर्ज भइल नांव

10:56 AM Jun 16, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

नामीबिया के खिलाड़ी निकोलास डेविन टी20 वर्ल्ड कप के इतिहास में एगो अनोखा रिकॉर्ड दर्ज कऽ लेले। निकोलास टी20 वर्ल्ड कप के इतिहास में रिटायर्ड आउट होखे वाला पहिला खिलाड़ी बनले। इंग्लैंड के खिलाफ लक्ष्य के पीछा करत घरी निकोलास ने ई फैसला कइले। उनका जगह बल्लेबाजी करे आइल डेविड विसे 27 रन के पारी खेलले। हालांकि ई मैच नामीबिया 41 रन से हार गइल।

Advertisement

इंग्लैंड नामीबिया के बरखा से प्रभावित मैच में 41 रन से हरवलस। रुक-रुक के भइल बरखा के वजह से मैच के 10-10 ओवर के कर दिहल गइल। इंग्लैंड पहिले बैटिंग करत घरी 10 ओवर में 122 रन बनवलस। एकरा जवाब में नामीबिया के टीम 84 रने बना पाइल। मैच में नामीबिया के स्टार बल्लेबाज निकोलास डेविन रिटायर्ड आउट हो गइले। ई टी20 वर्ल्ड कप इतिहास में पहिला बर भइल रहे।

दरअसल, 10 ओवर में बड़ लक्ष्य के पीछा करे उतरल नामीबिया के टीम के माइकल लिनगेन बढ़िया शुरुआत दिअवले। दूसरका छोर से कप्तान निकोलास डेविन बढ़िया बल्लेबाजी ना कर पावत रहलें। छठा ओवर में जब निकोलास 16 गेंद पs 18 रन बनाके बल्लेबाजी करत रहले। तब उऽ मैच में रिटायर्ड आउट हो गइले। उनका जगह आपन आखिरी अंतरराष्ट्रीय मैच खेल रहल डेविड वीसे बल्लेबाजी करे खातिर अइलें।

निकोलास बनले पहिला खिलाड़ी

अइसे में टी20 वर्ल्ड कप के इतिहास में पहिला बेर कवनो खिलाड़ी रिटायर्ड आउट भइल बा। रिटायर आउट होखे से पहिले बल्लेबाज अंपायर के बतावेला कि उऽ क्रीज छोड़कर जा रहल बा। निकोलासो अइसने कइलें। निकोलास के एह फैसला के टीम समर्थन कइलस। बता दी कि रिटायर्ड हर्ट होखे पs बल्लेबाज दोबारा बल्लेबाजी करे आ सकऽता, बाकिर रिटायर्ड आउट होखे पs उऽ दोबारा बल्लेबाजी करे नइखे आ सकत।

मैच हार गइल नामीबिया

मैच के बात कइल जाव तऽ इंग्लैंड के खिलाफ नामीबिया टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलस। इंग्लैंड खातिर हैरी ब्रूक आ जॉनी बेयरस्टो अच्छा प्रदर्शन कइले। एही प्लेयर्स के वजह से इंग्लैंड के टीम 10 में 100 से ज्यादा रन बना सकल। बेयरस्टो 31 रन आ ब्रूक 47 रन के योगदान देले। दूसरका ओर नामीबिया के टीम 10 ओवर में 84 रन बना सकल। नामीबिया खातिर डेविड वीसे सबसे ज्यादा 27 रन बनवलें।

Tags :
0Cricket News1St T20criket newsCriket news bhojpuriIcc T20 World CupKhel news
Advertisement
Next Article