टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोपालगंज में उत्पाद विभाग के टीम एक करोड़ के बिदेसी शराब जब्त कइलस, आरोपी गिरफ्तार

10:52 AM Sep 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बरामद शराब के संगे गिरफ्तार आरोपी।
Advertisement

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs उत्पाद विभाग के टीम वाहन जांच के दौरान एगो बड़ कंटेनर से बड़ मात्रा में बिदेसी शराब के खेप के बरामद कइले बा। बरामद शराब के कीमत करीब एक करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा। ममिला में उत्पाद विभाग के टीम एगो शराब तस्कर के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार तस्कर के पहचान राजस्थान के बाड़मेर जिला के रामसर थाना क्षेत्र के चडार बाकलर गांव निवासी उमेदा राम के बेटा गेना राम के रूप में कइल गइल।

Advertisement

जानकारी के अनुसार कंटेनर के रोक के जब ओकर जांच कइल गइल तs ओमे से 998 कार्टून में रखल 8882.220 लीटर शराब के खेप बरामद कइल गइल। गिरफ्तार तस्कर पूछताछ में ऊ बतवलस कि बरामद शराब के मुजफ्फरपुर लेके जात रहे। उहां केहू के शराब के डिलीवरी करे के रहे। एकरा बाद उहां से के लेके कहा जाए के बा। एकर जानकारी नइखे।

उत्पाद विभाग के इंस्पेक्टर पियूष कुमार कहलें कि वाहन जांच के दौरान बलथरी चेक पोस्ट पs कार्रवाई कइल गइल बा। गिरफ्तार तस्कर के बैक वर्ड फॉर वर्ड लिंक के खंगालल जा रहल बा।

Tags :
Excise DepartmentForeign Liquor SiezedGopalganj newsone arrested
Advertisement
Next Article