टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

डीडीयू के पूर्व कुलपति राधा मोहन मिश्रा के निधन, शिक्षा- पर्यावरण के क्षेत्र में जोगदान खातिर लोग कइल इयाद 

09:47 PM Nov 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति, प्रख्यात समाजसेवी आ पर्यावरणविद प्रोफेसर राधे मोहन मिश्रा के सबेरे भावपूर्ण विदाई के संगे अंतिम संस्कार कइल गइल। श्रीराम घाट इस्थित सहारा मोक्ष धाम पs उनका पार्थिव देह के अंतिम विदाई देवे पहुंचल परिवार, मित्र आ प्रशंसक लोग उनजा के नम आंखिन से विदा कइलस।

Advertisement

प्रो. मिश्रा बियफे के सांझ दिवाली के दिन अपना सिद्धार्थ एन्क्लेव, देवरिया बाइपास के निवास पs अंतिम सांस लेलें।  एहसे गोरखपुर के शैक्षिक आ सामाजिक हलकन में शोक के लहर बा।

व्यापक योगदान आ आदर्शन के प्रति समर्पण

प्रो. राधे मोहन मिश्रा तीन बेर गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति पद के सुशोभित कइलें आ अपना कार्यकाल में शिक्षा आ पर्यावरण के क्षेत्र में कइयन गो सुधार कइलें। ऊ आम आदमी पार्टी से 2013 में जुड़लें आ 2014 में सदर लोकसभा सीट से चुनाव लड़लें, बाकिर पार्टी के सिद्धांतन से विचलन के देखत बाद में इस्तीफा दे देलें। प्रो. मिश्रा स्पष्ट रूप से कहले रहस कि पार्टी अब स्वराज, आंतरिक लोकतंत्र आ पारदर्शिता जइसन मूल सिद्धांतन से हट चुकल बिया, आ ऊ कवनो तरे के अधिनायकवादी रवैया के समर्थन नइखन कs सकत।

पर्यावरण के रक्षा खातिर संघर्ष

पर्यावरण के प्रति उनका समर्पण के एगो उदाहरण रामगढ़झील के दोबारा जियावे खातिर उनका ओर से लड़ल गइल लमहर कानूनी लड़ाई हs, जेमे ऊ नेशनल ग्रीन ट्रिब्यूनल (NGT) में जाके झील के संरक्षण के मांग कइलें। उनका प्रयास से झील के संरक्षण में जागरूकता फइलल आ कइयन गो सकारात्मक पहल सामने आइल।

शोक में डूबल विश्वविद्यालय

उनका निधन पs विश्वविद्यालय के प्रोफेसर डॉ. हर्ष सिन्हा, हेरिटेज फाउंडेशन के संरक्षिका डॉ. अनिता अग्रवाल, आर्किटेक्ट अनुपम अग्रवाल, मनीष चौबे, मनोज सिंह, मुमताज खान आ प्रोफेसर अनिल राय सहित कइयन गो गणमान्य व्यक्ति गहिराह शोक व्यक्त कइल लो। सभे उनका जोगदान के अतुलनीय बतावल आ कहल कि उनका गइला से शिक्षा, समाज सेवा आ पर्यावरण संरक्षण के क्षेत्र में एगो अपूरणीय क्षति भइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsDduDeen dayal upadhyay gorakhpur universityEx VC Radhe Mohan MishraGorakhpur UniversityRadhe Mohan Mishra Passes Away
Advertisement
Next Article