टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Kishor Kunal: पूर्व आईपीएस किशोर कुणाल के निधन, पटना महावीर मंदिर न्यास के सचिव रहस

10:00 AM Dec 29, 2024 IST | Anurag Ranjan
पूर्व आईपीएस अधिकारी किशोर कुणाल के निधन हो गइल बा
Advertisement

पटना: पूर्व आईपीएस अधिकारी आ महावीर मंदिर ट्रस्ट के सचिव किशोर कुणाल के पटना में निधन हो गइल। कार्डियक अरेस्ट के बाद उनका के महावीर वत्सला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। किशोर कुणाल अयोध्या राम मंदिर ट्रस्ट के संस्थापक सदस्यन में से एक रहस आ बिहार राज्य धार्मिक न्यास बोर्ड के अध्यक्ष रहस। ऊ कइयन गो सामाजिक कामन में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहस ।

Advertisement

धार्मिक न्यास बोर्ड के अध्यक्ष रहस किशोर कुणाल

किशोर कुणाल एगो सेवानिवृत्त आईपीएस अधिकारी रहस। ऊ अयोध्या में राम मंदिर ट्रस्ट के संस्थापकन में से एगो रहस। सेवा निवृत्ति के बाद ऊ खुद के सामाजिक कामन में लगा देलस। ऊ बिहार राज्य धार्मिक न्यास बोर्ड के अध्यक्ष रहस। संगही, ऊ पटना के प्रसिद्ध महावीर मंदिर से जुड़ल रहस।

बता दीं कि महावीर मंदिर न्यास बोर्ड, पटना में कइयन गो स्कूल आ एगो कैंसर अस्पताल चलावेला। किशोर कुणाल पटना के प्रसिद्ध स्कूल ज्ञान निकेतन के संस्थापको रहस । जब वीपी सिंह देस के प्रधानमंत्री रहस, तब केंद्र सरकार ने उनका के विश्व हिंदू परिषद आ बाबरी मस्जिद एक्शन कमेटी के बीच मध्यस्थता खातिर विशेष अधिकारी नियुक्त कइले रहे।

मुजफ्फरपुर के बरुराज गांव में जन्म

किशोर कुणाल के जन्म 10 अगस्त 1950 के भइल रहे। ऊ अपना स्कूली शिक्षा मुजफ्फरपुर जिला के बरुराज गांव से कइलें। ऊ पटना विश्वविद्यालय से इतिहास आ संस्कृत में स्नातक के उपाधि प्राप्त कइलें। 1972 में ऊ गुजरात कैडर से भारतीय पुलिस सेवा (IPS) में सामिल भइलें। उनका के पुलिस अधीक्षक के रूप में नियुक्त कइल गइल। 1978 में ऊ अहमदाबाद के पुलिस उपायुक्त बनलें।

1983 में उनका पदोन्नति मिलल आ पटना में वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक के रूप में तैनात कइल गइल। 1990 से 1994 तक ऊ गृह मंत्रालय में ऑफिसर ऑन स्पेशल ड्यूटी (OSD) के रूप में काम कइलें। एगो आईपीएस अधिकारी के रूप में कुणाल पहिलही से धार्मिक कामन में सामिल रहस। पुलिस से सेवानिवृत्त होखला के बाद ऊ 2000 में केएसडी संस्कृत विश्वविद्यालय, दरभंगा के कुलपति के पदभार संभरलें। ऊ 2004 तक एह पद पs काम कइलें।

एकरा बाद ऊ बिहार राज्य धार्मिक न्यास बोर्ड (BSBRT) के प्रशासक बनलें। ऊ प्रचलित जातिवादी धार्मिक प्रथा में सुधार ले आवे के काम सुरू कइलें। उनका निधन से समाज के बड़ क्षति भइल बा। उनका जोगदान के हमेसा इयाद रखल जाई।

Read Also: 29 दिसंबर 2024 के राशिफल

Tags :
: Hanuman TempleBhojpuri Newsformer ips kunal kishore passes awayHeart AttackKunal KishorePatna Newssecretary of patna hanuman mandir trust
Advertisement
Next Article