For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lobin Hembrom: झामुमो के MLA रहल लोबिन हेम्ब्रम आज BJP में होइहें सामिल

12:27 PM Aug 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
lobin hembrom  झामुमो के mla रहल लोबिन हेम्ब्रम आज bjp में होइहें सामिल
लोबिन हेम्ब्रम आज BJP में होइहें सामिल।
Advertisement

Lobin Hembrom: झारखंड के बोरियो के पूर्व झामुमो विधायक लोबिन हेम्ब्रम आज 12 बजे दिन में भाजपा में सामिल होइहें। भाजपा प्रदेश कार्यालय में एकरा खातिर मिलन समारोह कार्यक्रम रखल गइल बा। जवना समय हेम्ब्रम भाजपा के सदस्यता लिहें ओह समय झारखंड भाजपा के कइयन दिग्गज नेता मवजूद रही लो।

Advertisement

प्रदेश भाजपा कार्यालय में आयोजित कार्यक्रम में असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा आ प्रदेश अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी उनका के भाजपा के सदस्यता दिलइहें। भाजपा में सामिल होखला के बाद उनका के बोरियो विधानसभा से चुनाव लड़े के संभावना बा। लोबिन हेम्ब्रम 26 अगस्त के कहले रहस कि ऊ जल्दिये भाजपा में सामिल होइहें।

झामुमो से कइले रहस बगावत, विधानसभा के चली गइल रहे सदस्यता

बोरियो के पूर्व झामुमो विधायक लोबिन हेम्ब्रम पार्टी में रहत पिछला लोकसभा चुनाव में दल के प्रत्याशी के विरुद्ध चुनाव लड़ल रहस, जवना के बाद पार्टी उनका के छव साल खातिर पार्टी से निलंबित कs दिहल गइल रहे आ कुछ दिन बाद विधानसभा से उनकर विधायकी समाप्त कs दिहल गइल रहे।

भाजपा में सामिल होखला के बाद बोरियो से चुनाव लड़े के संभावना

भाजपा में सामिल होखे के बाद उनका के बोरियो विधानसभा से चुनाव लड़े के संभावना बा। बाकिर हेम्ब्रम 26 अगस्त के कहले रहस कि ऊ जल्दिये भाजपा में सामिल होइहें।

आदिवासी वोट बैंक में कs सकत बा सेंधमारी

लोबिन हेम्ब्रम के गिनती झारखंड के बड़ आदिवासी नेता में होत बा। बोरिया विधानसभा क्षेत्र आ राजमहल लोकसभा क्षेत्र में ऊ अच्छा पकड़ रखेले। लोबिन के बीजेपी में सामिल होखला पs हेमंत सोरेन के आदिवासी वोट बैंक में सेंधमारी हो सकत बा।

Tags :
Advertisement