For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बेगुनाही साबित करे तिरुपति बालाजी मंदिर पहुंचले TTD के पूर्व अध्यक्ष, पुलिस के लेवे के पड़ल एक्शन

11:46 AM Sep 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
बेगुनाही साबित करे तिरुपति बालाजी मंदिर पहुंचले ttd के पूर्व अध्यक्ष  पुलिस के लेवे के पड़ल एक्शन
तिरुपति बालाजी मंदिर पहुंचले TTD के पूर्व अध्यक्ष: फोटो
Advertisement

Advertisement

विश्व प्रसिद्ध तिरुपति बालाजी मंदिर के प्रसाद में मिलावट के मामला अबे ले सुलझल नईखे। एही बीच तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) के अध्यक्ष रहल आ YSRCP के नेता बी. करुणाकर रेड्डी भी आपन निर्दोषता के पुष्टि करे खातिर सार्वजनिक शपथ लेले। श्रीवारी पुष्करणी में नहा के फेर आरती के समय शपथ लेले। हालांकि, जसही उs राजनीतिक बयान देवे लगले, पुलिस उनुका से आरती छीन के ले लिहल। बाद में उनुका खिलाफ अलग-अलग धारा के तहत मामला दर्ज भईल।

दरअसल, तिरुपति बालाजी मंदिर के प्रसाद में मिलावट के मामला अबे ले सुलझल नईखे। एही बीच तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) के अध्यक्ष रहल आ YSRCP के नेता बी. करुणाकर रेड्डी भी आपन निर्दोषता के पुष्टि करे खातिर सार्वजनिक शपथ लेले। एकरा बाद उs मंदिर परिसर में पहुंचले अवुरी कपूर आरती के हाथ में लेके बहुत भावुक देखाई देले। एह दौरान करुणाकर रेड्डी मुख्य मंदिर परिसर के सामने खड़ा होके शपथ लेले।

मुख्य मंदिर परिसर के सामने शपथ लिहले

भगवान के आवाहन करत करुणाकर रेड्डी कहले कि, "हालांकि एs मंदिर में राजनीतिक बयान देवे पs सख्त मनाही बा, बाकिर हमरा लगे एs तरीका से आपन बचाव करे के अलावे कवनो चारा ना रहे। हम अपना कार्यकाल में कबहूँ कवनो धोखाधड़ी नईखी कईले। इs आरोप दुर्भावनापूर्ण अवुरी राजनीतिक प्रेरित बा, वाईएसआरसीपी के छवि के कलंकित करे आ जनभावना के भड़कावे के मकसद बा एहसे अइसन कदम उठावत बानी, अगर हमरा कवनो गलत काम के दोषी पावल जाव तs हमरा कवनो सजा के सामना करे के तैयार बानी."

राजनीतिक बयान के चलते मामला दर्ज

शपथ ग्रहण के दौरान करुणाकर रेड्डी जसही राजनीतिक बयान देले, पुलिसकर्मी हाथ से आरती छीन लेले. पुलिस के बी. करुणाकर रेड्डी अवुरी बाकी लोग के खिलाफ बीएनएस के धारा 189(2), 196, अवुरी 223 के तहत मामला दर्ज भईल बा।

Tags :
Advertisement