पूर्व अमेरिकी राष्ट्रपति के जिमी कार्टर के नाम पs बा भारत के इs गांव, दिलचस्प बा इs किस्सा
अमेरिकी राष्ट्रपति रहल जिमी कार्टर के अतवार के दिने सौ बरीस के उमिर में निधन हो गइल. कार्टर सेंटर आ अमेरिकी मीडिया उनुका निधन के एलान कइले बा. बता दीं कि जिमी कार्टर अमेरिका के 39वां राष्ट्रपति रहले.उs 1977 से 1981 तक इs पद पs रहले। एकरे अलावा इनके 2002 में नोबेल शांति पुरस्कार भी मिलल। जिमी कार्टर के भारत से भी खास संबंध बा। रउरा ई जान के हैरान होखब कि जिमी कार्टर के सम्मान में भारत के एगो गाँव के नाम उनुका नाम पs राखल गइल बा. एह गाँव के नाम हs - 'कार्टरपुरी'। आईं एह गाँव के बारे में कुछ खास बात जानीं जा।
कार्टरपुरी गाँव के इतिहास
जिमी कार्टर भारत के दौरा करे वाला तीसरा अमेरिकी राष्ट्रपति रहले। उनुका के भारत के दोस्त मानल जात रहे। भारत में इमरजेंसी हटावे आ जनता पार्टी के जीत के बाद साल 1978 में भारत के दौरा कइले रहले. 3 जनवरी 1978 के जिमी कार्टर अवुरी उनुकर पत्नी रोजलिन कार्टर नई दिल्ली के नजदीक दौलतपुर नसीराबाद गांव गईले। सफर एतना सफल भईल कि कुछ समय बाद गांव के निवासी इलाका के नाम बदल के 'कार्टरपुरी' कs देले।
कार्टर सेंटर के मुताबिक, जिमी कार्टर के महतारी लिलियन भी 1960 के दशक के अंत में पीस कोर के संगे स्वास्थ्य स्वयंसेवक के रूप में उहाँ काम कईले रहली। 2002 में जब जिमी कार्टर के नोबेल शांति पुरस्कार मिलल तs कार्टरपुरी गाँव में जश्न मनावल गइल। एकरा साथे-साथ कार्टरपुरी में 3 जनवरी के छुट्टी बा। जिमी कार्टर के एह यात्रा से भारत आ अमेरिका के बीच एगो स्थायी साझेदारी के नींव पड़ल जवना से दुनु देशन के बहुते फायदा भइल.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन