टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Delhi Fire: शाहदरा में एगो इमारत में लागल आग, मासूम समेत चार लोग के दर्दनाक मउत,एगो बूढ़ आ एगो लईकी झुलस गइल

11:23 PM Jan 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली के शाहदरा में एगो दुखद हादसा हो गइल। इहां रामनगर के एगो भवन में आग लगला से चार लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग जर गईले। मामिला के जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी मउका पs पहुंचल। बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल। घाही के इलाज खखातीर जीटीबी अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

मॉडर्न शाहदरा के रामनगर इलाका के गली नम्बर 26 में स्थित चार मंजिला इमारत में सांझ के भारी आग लाग गईल। जानकारी मिलला के बाद पांच फायर टेंडर अवुरी पुलिस टीम तुरंत मउका पs पहुंच गईल। साँझ 6:55 बजे ले आग पs काबू पा लिहल गइल। भवन के ग्राउंड फ्लोर पs राखल रबर मटेरियल अवुरी रबर कटिंग मशीन में आग लागे के कारण एs दुर्घटना के कारण बतावल जाता।

जान गंवावे वाला लोग के पहचान प्रथम सोनी (17 साल), रचना (28 साल), गौरी सोनी (40 साल), रुही (9 महीना) के रूप में भईल बा। जबकि 16 साल के राधिका अवुरी 70 साल के प्रभावती घाही हो गईली। दुर्घटना के दौरान एगो बच्चा समेत कुल 6 लोग इमारत के भीतर फंसल रहले, जवना के फायर ब्रिगेड के जवान बचा लेले। एकरा बाद सभके इलाज खातीर जीटीबी अस्पताल पहुंचावल गईल। उहां एगो बच्चा समेत चार लोग के मउत हो गईल। घायल लोग के इलाज जारी बा।

 

 

Tags :
accidentAccident NewsAccident News in DelhiDelhi-NCRFire in four-storey building in Modern ShahdaraModern Shahdara
Advertisement
Next Article