टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जियो के नाम पऽ ठगी, मोबाइल यूजर्स देस ध्यान, ना तऽ उठावे के पड़ी नुकसान

11:59 AM Aug 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

रिलायंस जियो के ओर से चेतावनी जारी कइल गइल बा, जवना के मुताबिक लोग रिलायंस जियो के प्रतिनिधि के रूप में पेश कऽ के मोबाइल यूजर के धोखा देवे के कोशिश करतारे। अइसना में मोबाइल यूजर के सावधान रहे के सलाह दिहल गइल बा। आई एकरा बारे में हम विस्तार से बताव तानी...

Advertisement

रिलायंस जियो के ओर से चेतावनी जारी कइल गइल बा। जियो अपना नाम पs होखत धोखाधड़ी के लेके इ चेतावनी देले बिया। कंपनी के मुताबिक जियो के नाम पs लोग के धोखाधड़ी के शिकार बनावल जाता। अइसना में दूरसंचार कंपनी जियो मोबाइल यूजर खाती चेतावनी जारी कइले बिया। कंपनी के बयान के मुताबिक साइबर धोखाधड़ी के अइसन मामला के पहचान भइल बा, जवना में जालसाज जियो के प्रतिनिधि के रूप में पेश कऽ के संवेदनशील जानकारी चोरा रहल बाड़े।

अइसे पहुंचेले धोखेबाज

धोखाबाज रउआ लगे बहुत तरीका से पहुंचेले, जवना में फोन कॉल, मैसेज, व्हाट्सएप चैट चाहे ईमेल शामिल बा। एह तरह के कॉल आ मैसेज में लोग धोखाधड़ी से जियो के प्रतिनिधि के रूप में पेश करत पैन कार्ड नंबर, आधार कार्ड, बैंक खाता, क्रेडिट कार्ड, ओटीपी अवुरी सिम जइसन विवरण मांगेला। अगर अइसन ना कइला पs आपके सिम कार्ड के ब्लॉक होखे के धमकी दिहल जाता। एह डर के चलते कई बेर लोग आपन निजी जानकारी साझा करेला।

जालसाज रउरा के थर्ड पार्टी ऐप डाउनलोड आ इंस्टॉल करे के सलाह देत बाड़े। संगही, उ लोग आपके फोन आ कंप्यूटर से आपके निजी जानकारी तक पहुंचेले।

रिलायंस जियो कबो थर्ड पार्टी ऐप डाउनलोड करे के ना कहेला। संगही, जियो कबो एसएमएस, कॉल चाहे ईमेल के माध्यम से अनजान लिंक प क्लिक करे के ना कहेला।

Tags :
Bhojpuri technology newscyber attackCyber FraudfraudjioJio SIMjio smartJio technologyOnline Fraudonline frud
Advertisement
Next Article