टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रक्षाबंधन पs फ्री बस : परिवहन मंत्री कहले कि, जेतना जादा ड्राइवर-कंडक्टर बस चलइहे, ओतने प्रोत्साहन मिली

10:07 AM Aug 13, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

रक्षाबंधन 2024 : रक्षाबंधन पs महिला खातीर यूपी रोडवेज के बस मुफ्त होई। यूपी के परिवहन मंत्री कहले कि ए दिन जेतना जादा बस चालक आ कंडक्टर चलइहे, ओतने प्रोत्साहन मिली।

Advertisement

रक्षाबंधन महोत्सव में रोडवेज के चालक आ संचालक जेतना मेहनत करीहें ओतने प्रोत्साहन दिहल जाई। रक्षाबंधन पs बहिन लोग के बस में मुफ्त यात्रा के ध्यान में राखत प्रशासन ड्राइवर संचालक खातीर ई योजना लागू कइले बिया। परिवहन राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) दयाशंकर सिंह रक्षाबंधन महोत्सव पs अतिरिक्त सेवा देवे के निर्देश देले बाड़े। ऊ कहले कि 17 से 22 अगस्त तक अधिकतम संख्या में बस के संचालन होखे के चाही, ताकि रक्षाबंधन महोत्सव में लोग के आवागमन में कवनो प्रकार के असुविधा ना होखे।

सौ फीसदी बस के ऑनरोड बनावे के चाहीं। सभे अफसर के ड्यूटी पs राखल जाए। कवनो अधिकारी बिना नोटिस दिहले काम के जगह से ना निकली। एमडी मासूम अली सरवर कहले कि रक्षाबंधन के सब क्षेत्रीय/सहायक क्षेत्रीय प्रबंधक आ सेवा प्रबंधक के जरूरत के मुताबिक अतिरिक्त बस चलावे के निर्देश दिहल गइल बा। लखनऊ आ कानपुर खातिर अतिरिक्त बस के संचालन सुनिश्चित होखे के चाहीं।

एतना प्रोत्साहन राशि दिहल जाई

एमडी मासूम अली सरवर बतवले कि ड्राइवर संचालक के बस 1800 किलोमीटर चलावे खातीर 1200 रुपया के प्रोत्साहन राशि मिली। एकरा से आगे के बस संचालन खातिर 55 पइसा प्रति किलोमीटर के दर से अतिरिक्त भुगतान कइल जाई। एही तरे जदी ए दौरान डिपो आ क्षेत्रीय कार्यशाला के तकनीकी कर्मचारी रोज मौजूद बाड़े तs एकमुश्त 500 रुपया के प्रोत्साहन राशि दिहल जाई। प्रोत्साहन पईसा के मकसद से बस स्टेशन पs तैनात कर्मी आ सुपरवाइजर के प्रति स्टेशन 5000 रुपया के दर दिहल जाई।

Tags :
free busfree bus service for femalesKhabar bhojpurikhabarBhojpuriOfficialRakshabandhan newsUP transportuttarpradesh live updateuttarpradesh news
Advertisement
Next Article