For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दोस्त युवक के हत्या कऽ के फेंकले शव, आत्महत्या देखावे खातिर हाथ में रखले तमंचा

02:25 PM Sep 24, 2024 IST | Sonu Kishor
दोस्त युवक के हत्या कऽ के फेंकले शव  आत्महत्या देखावे खातिर हाथ में रखले तमंचा
Advertisement

गाजियाबाद सिहानी गेट इलाका में थाना के लगे एगो युवक के लाश पड़ल मिलल। उनका माथा में गोली लागल बा। युवक के हाथ में पिस्तौल आ जेब में कुछ रुपया मिलल। मौका प पहुंच के जब पुलिस जांच कइलस त युवक के मोबाइल मिलल जवन कि बंद रहे। पुलिस के कहनाम बा कि लाश के पहचान ऋषभ गुप्ता के रूप में भईल बा।

Advertisement

बतावल जाता कि ऋषभ टाइल्स के कारोबारी रहले। दोस्त ऋषभ के हत्या कऽ के लाश फेंक देले। घटना के आत्महत्या के रूप में देखावे खातिर आरोपी ऋषभ के हाथ में पिस्तौल रख के भाग गइले। पुलिस आरोपी के तलाश में व्यस्त बिया।

Tags :
Advertisement