टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Friendship day special ; दोस्ती के असल मिसाल पेश कs रहल बाड़ी छपरा बिहार के अनीशा आ ममता, निशुल्क शिक्षाकेंद्र से जगा रहल बाड़ी शिक्षा के अलख, जानी राष्ट्रपति से सम्मानित दु दोस्त के कहानी

10:45 AM Aug 04, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

छपरा : अनीशा आ उनकर दोस्त ममता दूनो जानी मिलके पिछला 7 साल ( 2 अक्टूबर 2017 ) से 44 नंबर ढाला के लगे हुस्से छपरा में एगो पीपल के पेड़ के नीचे बच्चन के निशुल्क शिक्षा देत आ रहल बाड़ी , ई समाज के ऊ बच्चा लोग हs जिनकर माता पिता कही कोचिंग भा क्लास में दाखिला दिलवा में सक्षम नइखे । राष्ट्रीय सेवा योजना से जुड़ के संग ही गरीब बच्चन के नि:शुल्क शिक्षा देके आ विभिन्न सामाजिक कार्य खातिर काम कs के जइसे , दहेज प्रथा उन्मूलन, स्वच्छता अभियान, महिला सशक्तिकरण, पर्यावरण संरक्षण, रक्तदान आदि खातिर जागरूकता अभियानो में पुरजोर भागीदारी कs के अपना दोस्ती के अलग मिसाल बना रहल बाड़ी । लड़कियन के आत्मनिर्भर बनावे खातिर ई लोग अपना टीम के संगे मिलके खास कs के गाव के लड़कियन के सात दिवसीय निशुल्क मार्शल आर्ट के ट्रेनिंग भी देवेली लोग।

Advertisement

राष्ट्रपति से मिल चुकल बा सम्मान

वर्ष 2019 में अनीशा के एनएसएस में दु साल के दौरान विभिन्न गतिविधि भा समाज सेवा में कइल उत्कृष्ट कार्य खातिर भारत सरकार युवा एवं खेल मंत्रालय द्वारा एनएसएस राष्ट्रपति पुरस्कार खातिर चयनित भइली ।

24 सितंबर 2019 को भारत के राष्ट्रपति श्री रामनाथ कोविंद के हाथे , दिल्ली के राष्ट्रपति भवन के दरबार हॉल में एनएसएस राष्ट्रपति पुरस्कार मिलल ।

संग ही साल 2023 में बिहार के महामहिम राज्यपाल श्री राजेन्द्र विश्वनाथ अरलेरकर जी द्वारा राजभवन, पटना में आमंत्रित के एनएसएस सर्वश्रेष्ठ पुरस्कार भी देवल गइल।

उहवें ममता के साल 2021 में एनएसएस में उन्नत कार्य ला भारत सरकार युवा एवं खेल मंत्रालय द्वारा राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद से एनएसएस राष्ट्रपति पुरस्कार मिलल। संग ही साल 2023 में बिहार के महामहिम राज्यपाल श्री राजेन्द्र विश्वनाथ अरलेरकर जी द्वारा राजभवन, पटना में आमंत्रित के एनएसएस सर्वश्रेष्ठ पुरस्कार भी देवल गइल ।ममता एगो फुटबॉल खिलाड़ी भी बाड़ी आ वर्तमान में बीएसएफ में कार्यरत बाड़ी ।

संस्कृति से समाज निर्माण 

अनीशा आ ममता एगो कत्थक नृत्यांगना भी बाड़ी । दुनो जानी कत्थक के माध्यम से खाली आपन संस्कृति के ही ना बलुक समय समय पs अपना कत्थक के माध्यम से लोगन के जागरूक भी करेली।

लोकसभा चुनाव 2024 में अनीशा अपना नृत्य से वोट देवे अपील कs संस्कृति से समाज निर्माण के संदेश देली।

दोस्त अइसन समर्थक होला जवन निमन सलाह देवेला आ हर कदम पे साथ देवेला।

फ्रेंडशिप डे मनावे के मुख्य उद्देश्य लोग ,संस्कृति आ समाज के बीच दोस्ती के संजोवल बा । अपना प्रयास से प्रेरित कs समाज ,सुधार आ समुदाय के बीच मैत्री के पुल के निर्माण हो ई कहनाम बा दोस्ती के मिसाल पेश करत अनीशा आ ममता के।

खबर भोजपुरी सलाम कs रहल बा ई दोस्ती के जवना से अलग समाज निर्माण हो रहल बा।

Tags :
Bhojpuri khabarbiharChhaprafree educationFriendship DayFriendship day specialinspiring storyKhabar bhojpurikhabar bhojpuri news specialkhabar bhojpuri officialnsssocial work
Advertisement
Next Article