For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ganga Dussehra 2024 आज, शनिचर राते से हरिद्वार पैक, आस्‍था के डुबकी लगावे के दौर जारी

07:49 AM Jun 16, 2024 IST | Sonu Kishor
ganga dussehra 2024 आज  शनिचर राते से हरिद्वार पैक  आस्‍था के डुबकी लगावे के दौर जारी
Advertisement

Ganga Dussehra 2024 ऐतवार से हरिद्वार में गंगा दशहरा के स्‍नान जारी बा। उहे गंगा दशहरा स्नान पर्व से एक दिन पहिलहीं धर्मनगरी श्रद्धालुअन से पैक हो गइल। शनिचर रात ले श्रद्धालुअन के हरिद्वार पहुंचे के सिलसिला जारी रहल। गंगा दशहरा वीकेंड यानि ऐतवार के दिने होखे के चलते हर हफ्ता हरिद्वार आवे वाला पर्यटकन के भिड़ों एमें शामिल हो गइल।

Advertisement

Ganga Dussehra 2024: ऐतवार से हरिद्वार में गंगा दशहरा नहान जारी बा। भक्‍त गंगा में पावन डुबकी लगावे के बाद पूजा-दान कर रहल बाड़े हैं। सब गंगा घाट लोगन से खचाखच भरल पड़ल बा। हाईवे रातही में वाहनन के दबाव से हांफत नजर आइल। अधिकांश पार्किंग वाहनन से फुल हो गइल। जबकि होटल, धर्मशलो भर गइल।

गंगा घाट श्रद्धालुअन से लबालब

हरकी पैड़ी पs संझिया गंगा आरती में भारी भीड़ रहल। देर रात तक गंगा घाट श्रद्धालुअन से लबालब भरल रहल। गंगा दशहरा स्नान पर्व हरिद्वार के प्रमुख स्नान परबन में से एक बा। एह बेर गंगा दशहरा वीकेंड यानि रविवार के दिन होखे के चलते हर हफ्ता हरिद्वार आवे वाला पर्यटकन के भीड़ एमें शामिल हो गइल। जवना के नजारा एक दिन पहिलहीं धर्मनगरी के भीतर आ बाहर हाईवे पs लउकल।

देर रात ले लाखन के संख्या में श्रद्धालु हरिद्वार पहुंच गइले। हाईवे पs वाहनन के भारी भीड़ रहल। देर रात तक लगातार श्रद्धालु हरिद्वार पहुंचत रहलें। नतीजा ई भइल कि अधिकांश पार्किंग राते में भर गइल। होटल, धर्मशाला में साँझही कमरा फुल हो गइले।

उहे, संझिया आरती में हरकी पैड़ी के सब गंगा घाट श्रद्धालुअन से भरल रहल। भीड़ से व्यापारियन के चेहरा खुशी से खिल उठल। ओहिजा, सुरक्षा आ यातायात व्यवस्था चौकस राखे खातिर पुलिसकर्मी पसीना बहावत लउकलें।

Tags :
Advertisement