For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पंजाब में एंटी गैंगस्टर टास्क फोर्स के बड़ एक्शन, एनकाउंटर में घायल भइल आतंकी हरविंद्र रिंदा के गुर्गा

02:08 PM Dec 13, 2023 IST | Minee Upadhyay
पंजाब में एंटी गैंगस्टर टास्क फोर्स के बड़ एक्शन  एनकाउंटर में घायल भइल आतंकी हरविंद्र रिंदा के गुर्गा
Advertisement

पंजाब के मोहाली जिला में आतंकी हरविंद्र रिंदा से पुलिस मुठभेड़ भइल बा। जिरकपुर में भईल मुठभेड़ में आतंकी हरविंद्र रिंदा के गुंडा तारंजीत सिंह के दु गोली लागल। एंटी गैंगस्टर टास्क फोर्स के मुठभेड़ में घायल तारंजीत सिंह के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बतावल जाता कि गुंडा तरंजीत सिंह पुलिस के हिरासत से भागे के कोशिश कईले रहले। जिरकपुर के पीर मुछल्ला में हथियार छिपा के रखले रहले। पुलिस गुंडा के ओही जगहा ले गईल रहे।

Advertisement

पंजाब में बहुत मामिला दर्ज

बतावल जाता कि पाकिस्तान में बईठल आतंकी हरविंद्र रिंदा से तरंजीत सिंह के खास संबंध बा। तारंजीत सिंह प पंजाब में हत्या अवुरी रंगदारी के मामला में 6 मामला दर्ज बा। पंजाब पुलिस के सबसे ज्यादा वांछित इ गुंडा रहल बा।

Tags :
Advertisement