For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भलुअनी में गैस सिलेंडर फटला से लागल आग, महिला आ तीन गो लईकन के मौत, फायर ब्रिगेड पवलस आग पs काबू

01:57 PM Mar 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
भलुअनी में गैस सिलेंडर फटला से लागल आग  महिला आ तीन गो लईकन के मौत  फायर ब्रिगेड पवलस आग पs काबू
Advertisement

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। देवरिया के भलुअनी कस्बा के लगे इस्थित गांव डुमरी में सनीचर के सबेरे करीब छव बजे गैस सिलेंडर फटला से महिला आ तीन लईकन के मृत्यु हो गइल बा। धमाका एतना तेज रहे कि कमरा के छत आ देवाल क्षतिग्रस्त हो गइल। आग पs काबू पावे के पहिले महिला आ ओकरा तीनो लईका पूरा तरे जल चुकल रहे। महिला अपना पति खातिर चाय बनावे गइल रहे। चाय बनावे के दौरान ई हादसा भइल रहे।

Advertisement

डुमरी गांव के रहे वाला शिव शंकर गुप्ता के 35 बरिस के पत्नी आरती देवी सनीचर के सबेरे सुतके उठला के बाद चूल्हा पs चाय के पैन रखके जइसही गैस जरवली, रेगुलेटर में आग लाग गइल। ऊ हल्ला मचवली, बाकिर तबे सिलेंडर में विस्फोट हो गइल, जवना से घर में आग लाग गइल। आग घर के दूसरका कमरा तक पहुंच गइल, जवना से कमरा में सुतल 14 बरिस के आंचल, 12 साल के कुंदन आ 11 साल के सृष्टि आग के चपेट में आ गइल लो।

घटना के बाद जमा भीड़।
घटना के बाद जमा भीड़।

सबकर कमरे में जलके मृत्यु हो गइल। लईकन के बाहर निकले के मवके ना मिलल। फायर ब्रिगेड के गाड़ी ग्रामीणन के मदद से आग पs काबू पवलस। घटना के बाद से गांव में डीएम अखण्ड प्रताप सिंह, एसपी संकल्प शर्मा सहित स्थानीय विधायक दीपक मिश्रा मवका पs पहुंचल लो।

Tags :
Advertisement