टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Jio के टक्कर देवे खातिर गौतम अडानी लिआवऽ ताड़े नया कंपनी, मिली फ्री कॉलिंग आ डेटा ? इहाँ जानी सच्चाई

11:56 AM Mar 16, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

गौतम अडानी के ओर से नया कंपनी लिआवे के प्लान कइल जा रहल बा ? एकरा के लेके कई लोगन के लगे मैसेज आ रहल बा । आज हम एकरा के लेके बड़ जानकारी देवे वाला बानी।

Advertisement

Gautam Adani ए घरी चरचा में बनल बाड़े।  मुकेश अंबानी आ गौतम अडानी के लेके बहुत कुछ खबर चलत रहेला। अब एगो नया खबर आ रहल बा कि गौतम अडानी बहुते जल्दिए आपन सिम आ स्मार्टफोन लिआ सकत बाड़े। एकरा के लेके लोगन के मन में बहुत संशय बा। साथहीं लोग पूछियो  रहल बा कि आखिर एकर सच्चाई का बा ? आज हम एकरा बारे में जानकारी देवे वाला बानी।

दरअसल गौतम अडानी आ Qualcomm CEO Cristiano Amon के बीच एगो मुलाकात भइल बा। Amon अबहीं भारत आइल बाड़े। अइसे में उऽ देश के बड़ द्योगपतियन से मुलाकात कर रहल बाड़े। एही क्रम में उऽ गौतम अडानी से मुलाकात कइले बाड़े। मुलाकात के तुरंत बाद अलग-अलग खबर सामने आ रहल बा । एगो मैसेज वायरल हो रहल बा कि जियो के टक्कर देवे खातिर गौतम अडानी नया टेलीकॉम कंपनी लेके आवे वाला बाड़े । एकरा साथहीं स्मार्टफोनो लॉन्च होई।

हालांकि अबहीं ले गौतम अडानी भा क्वालकॉम के ओर से एपर कवनो सफाई नइखे दिहल गइल। गौतम अडानी ने ए मीटिंग के बाद 'X' पऽ जानकारी शेयर कइले बाड़े। बाकिर एमें कहीं अइसन नइखे कहल गइल कि गौतम अडानी आपन नया कंपनी लेके आ रहल बाड़े। अइसे में ई खबर पूरा के पूरा अफवाह साबित होत बा, जवना में कहल गइल बा कि गौतम अडानी अपनी कंपनी लेके आ रहल बाड़े।

2022 में भइल स्पेक्ट्रम नीलामी के दौरान गौतम अडानी कुछ 5G स्पेक्ट्रम किनले रहलें। एकरा अलावा अडानी के ओर से अलग-अलग जगहन पऽ डेटा सेंटर बनावल जा रहल बा । क्वालकॉम डिजाइनिंग आ सेमीकंडक्टर मैनुफैक्चरिंग के बड़ा प्लेयर हउअन। क्वालकॉम के ओरो से 14 मार्च के चेन्नई में नया डिजाइन सेंटर सेचअप करे के बात कहल गइल रहें। इहें वजह बा कि एकरा के लेके खबर सामने आवे लागल बा।

Tags :
AadaniGautam Adanijiojio planLatest TechnologyMukesh Ambani
Advertisement
Next Article