For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गौतम अडानी बेचले ₹4,251 करोड़ के शेयर, एह कंपनी के ₹1,679 करोड़ के खरीदारी

12:55 PM Aug 24, 2024 IST | Sonu Kishor
गौतम अडानी बेचले ₹4 251 करोड़ के शेयर  एह कंपनी के ₹1 679 करोड़ के खरीदारी
Advertisement

अडानी परिवार अदानी ग्रुप के कंपनियन में आपन हिस्सेदारी फेर से संतुलित कर रहल बा। अगिला नौ महीना में 30 हजार करोड़ रुपिया के शेयर बेचे के योजना बा। एकर शुरुआत शुक का दिने अम्बुजा सीमेंट में हिस्सेदारी बिक्री से भइल।

Advertisement

भारत आ एशिया के दुसरका सबसे अमीर गौतम अडानी बियफे के दिने अम्बुजा सीमेंट में आपन करीब 2.76% हिस्सेदारी 4251 करोड़ रुपिया में बेच दिहलन। एनएसई के बल्क डील के आंकड़ा के मुताबिक अडानी ग्रुप के कंपनी होल्डरिंड इन्वेस्टमेंट्स के 6.8 करोड़ शेयर 625.5 रुपया प्रति शेयर के दर से बेचल गइल। एमें प्रवासी भारतीय निवेशक राजीव जैन के निवेश कोष जीक्यूजी पार्टनर्स 1679 करोड़ रुपिया के शेयर खरीद लिहलस। एकरा संगे अम्बुजा सीमेंट में जीक्यूजी पार्टनर्स इमर्जिंग मार्केट्स इक्विटी फंड के हिस्सेदारी बढ़ के 2.04% हो गइल बा। जीक्यूजी पार्टनर्स जनवरी-मार्च 2024 के तिमाही के दौरान अदानी ग्रुप के छह कंपनी में आपन निवेश बढ़ा के करीब 8,300 करोड़ रुपया कऽ देले रहे।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक अडानी ग्रुप के प्रमोटर अगिला 9 महीना में करीब 30 हजार करोड़ रुपया के शेयर बेचे के योजना बनावत बाड़े। अडानी परिवार सूचीबद्ध कंपनियन में आपन पोर्टफोलियो फेर से संतुलित कर रहल बा। जीक्यूजी पार्टनर्स अडानी ग्रुप के सबसे बड़ गैर-प्रमोटर शेयरधारक हऽ। छह गो ग्रुप कंपनियन में ओकर निवेश के कीमत करीब 62 हजार करोड़ रुपिया बा। जीक्यूजी पार्टनर्स पिछला साल तब लाइमलाइट में आइल जब ऊ संकटग्रस्त अडानी ग्रुप में बहुते निवेश कइले रहे। जनवरी में अमेरिकी शॉर्ट सेलिंग कंपनी हिंडेनबर्ग रिसर्च अदानी ग्रुप के बारे में एगो रिपोर्ट जारी कइले रहे। एमें शेयर के दाम में हेरफेर समेत समूह पर बहुते आरोप लगावल गइल।

अडानी समूह के उद्धारकर्ता

अदानी ग्रुप ए आरोप के खारिज कऽ देले रहे बाकिर एकरा चलते ओकर शेयर में भारी गिरावट आइल। एक समय में समूह के मार्केट कैप में लगभग 65% के गिरावट आइल रहे| एकरा संगे-संगे राजीव जैन के कंपनी जीक्यूजी पार्टनर्स एगो उद्धारकर्ता के रूप में आइल। उऽ चार समूह कंपनी में करीब 15,400 करोड़ रुपया के निवेश कइले। एकरा बाद से जीक्यूजी पार्टनर्स अडानी ग्रुप के कंपनी में कई बेर निवेश कइले बा। पिछला साल के अंत तक जब अदानी ग्रुप के सभ शेयर में शानदार रिकवरी भइल तऽ जीक्यूजी के निवेश के कीमतो कई गुना बढ़ गइल। जीक्यूजी बाबा रामदेव के पतंजलि फूड्स समेत कई गो अउरी भारतीय कंपनियन में भी निवेश कइले बा।

Tags :
Advertisement