For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गौतम गंभीर : गौतम गंभीर जी लोकसभा चुनाव ना लड़िहें! जिम्मेवारी से मुक्त होखे के निहोरा, कारण जान लीं ।

02:22 PM Mar 02, 2024 IST | Raj Nandani
गौतम गंभीर   गौतम गंभीर जी लोकसभा चुनाव ना लड़िहें   जिम्मेवारी से मुक्त होखे के निहोरा  कारण जान लीं ।
Advertisement

गौतम गंभीर राजनीति से सेवानिवृत्त : गौतम गंभीर क्रिकेट पऽ ध्यान देवे के फैसला के पीछे के कारण बतवले बाड़े। संगही, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ गृहमंत्री अमित शाह के जनता के सेवा के मौका देवे खातीर धन्यवाद देले।

Advertisement

भारतीय क्रिकेटर रहलऽ आ भाजपा सांसद गौतम गंभीर शनिचर के दिने अपना एक्स अकाउंट पs ट्वीट कऽ के राजनीति से दूरी के संकेत दिहले बाड़न । उ कहले बाड़नऽ कि हम पार्टी अध्यक्ष जेपी नड्डा से निहोरा कईले बानी कि उ हमरा के राजनीतिक कर्तव्य से मुक्ति देस, ताकि हम क्रिकेट पs ध्यान दे सकी।

गौतम गंभीर लिखले बाड़न कि ‘हम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ गृहमंत्री अमित शाह के दिल से धन्यवाद देत बानी कि हमरा के जनता के सेवा करे के मौका दिहले। जय हिंद!'

2019 के लोकसभा चुनाव में बड़ अंतर से जीतल

क्रिकेटर गौतम गंभीर 2019 के लोकसभा चुनाव में पूर्वी दिल्ली सीट पs बड़ जीत दर्ज कईले रहले। भारतीय क्रिकेटर रहल ई खिलाड़ी आप के अतिशी आ कांग्रेस नेता अरविंदर सिंह लवली के हरा के 3 लाख 90 हजार के भारी अंतर से जीत हासिल क के लोकसभा में चहुँप गइलन । गंभीर पहिला बेर चुनावी मैदान में उतरले अउऽरी जीत गईले।

गंभीर 2018 में अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के अलविदा कहले रहले। तब से सेना, जवान अवुरी बाकी सामाजिक मुद्दा पs ट्विटर के माध्यम से आपन राय बतावत रहले। जबसे उ राष्ट्रवादी छवि बनवले, तब से चर्चा होखत रहे कि गंभीर जल्दिए भाजपा में शामिल हो सकतारे। हालांकि उ इ बात कबहूँ ना मानले।

क्रिकेट के मैदान में अपना आक्रामक रवैया खातिर मशहूर इ खिलाड़ी राजनीति में भी मजबूत शुरुआत कईले। तूफानी सड़क अवुरी विस्फोटक रैली भईल। अब गंभीर के एह अचानक फैसला से राजनीतिक विशेषज्ञ तक तनी हैरान बाड़े।

Tags :
Advertisement