Gen Z आ Alpha के गइल जमाना, आज से सुरू भइल Gen Beta के दौर…जान लीं रउआ कवना जेनरेशन से बानी…
आज से नया साल सुरू हो गइल बा। एही के संगे एगो नया पीढ़ी अस्तित्व में आई। आज से जन्म लेवे वाला लईकन के Generation Beta कहल जाई। जानीं एकर का खासियत होई, एकरा पहिले के पीढ़ियन के का कहल गइल बा आ ओकर का खासियत रहे।
Millennials, Gen Z आ Alpha के बारे में रउआ जरूर सुनले होखेम। एकरा बीच के फर्क के रउआ चिह्नतो होखेम। बाकिर आज से एकरो जमाना पुराना हो गइल, काहेकि साल 2025 से Gen Beta के दौर सुरू होखे जा रहल बा। साधारण शब्दन में कहीं तs 2025 से 2039 के बीच पैदा होखे वाला लईकन के Generation Beta कहलाई। एकरा पहिले माने 2024 तक के पीढ़ी के जेनरेशन अल्फा कहल जा रहल बा, एहिसे एकरा के बीटा कहल जा रहल बा। जानीं, Millennials, Gen Z आ Alpha से पहिले के पीढ़ी से ताल्लुक रखे वाला लोगन के का कहल गइल बा आ ओह जेनरेशन के का खासियत रहे।
Greatest Generation (ग्रेटेस्ट जेनरेशन )
जे लोग साल 1901 से 1927 के बीच जन्म लेले रहे। ओकरा के ग्रेटेस्ट जेनरेशन कहल जा। एह दौर के जिनगी में बहुते संघर्ष रहे। ई लोग तमाम तरे के बेमारियन, महामंदी आ दुगो विश्व युद्धन के देखलस। अपना देश के सेवा खातिर बड़ संख्या में दूसरा विश्व युद्ध में भाग लेलस। ई अनुभव ओह लोगन के मेहनती, धैर्यवान आ बलिदानी बनवलस। एह लोगन में ईमानदारी, कड़ा मेहनत आ कर्तव्यनिष्ठा जइसन गुण देखे के मिलत रहे। अमेरिकी पत्रकार टॉम ब्रोकॉ एकरा खातिर ‘The Greatest Generation’ शब्द के इस्तेमाल कइलें। उनकर 1998 में आइल बेस्टसेलिंग किताब 'द ग्रेटेस्ट जेनरेशन' एह शब्द के लोकप्रिय बनवलस।
Silent Generation (साइलेंट जेनरेशन)
1928 से 1945 के बीच जन्मल पीढ़ी के साइलेंट जेनरेशन कहल जाला। एह समय के लोग विश्वयुद्ध, महामंदी आ गुलामी के दौर देखलस। ई लोग आमतौर पs विवादन से बचत रहे आ आपन विचार सार्वजनिक रूप से व्यक्त करे से कतरात रहे। एहिसे एह लोगन के साइलेंट जेनरेशन कहल गइल।
Baby Boomer Generation (बेबी बूमर जेनरेशन)
बेबी बूमर जेनरेशन ओह लोगन के कहल जाला जे 1946 से 1964 के बीच जनमल रहे। द्वितीय विश्व युद्ध खत्म होखला के बाद दुनिया के कइयन हिस्सन, खास कs के अमेरिका आ यूरोप, में आर्थिक इस्थिरता आ शांति आइल। एकरा बाद एह अवधि में दुनिया भर में लईकन के जन्म के संख्या में तेजी आइल। एही से एह पीरियड के बेबी बूमर कहल गइल। एह पीढ़ी के लोग आपन पूरा जिनगी मेहनत के संगे तकनीकी युग में काम करे के तरीकन के सीखे में बीता देलस। एकरा संगही ई जेनरेशन आधुनिक विकास के देखल।
Generation X (जेनरेशन एक्स)
1965 से 1980 के बीच जन्मल लोगन के Generation X कहल जाला। ई पीढ़ी Baby Boomers आ Millennials के बीच के कड़ी हियs। एकरा के हिप्पी कल्चर, सिनेमा, आर्ट आ म्यूजिक के एगो नया आयाम देवे वाली रॉक एंड रोल जनरेशन मानल जाला। ई ऊ पीढ़ी हs जिवन डिजिटल तकनीक के सुरुआती दिनन (जइसे कंप्यूटर आ इंटरनेट) के अनुभव कइलस।
Millennials or Generation Y (मिलेनियल्स)
Generation X के बाद Millennials के समय आइल। ई ऊ लोग हs जे 1981 से 1996 के बीच जन्मल बा। एह लोगन के Generation Y कहा जाला, काहेकि ई Generation X के बाद के पीढ़ी हs। ई पीढ़ी डिजिटल दुनिया आ इंटरनेट के तेजी से विकास के दौर में बड़ भइल बिया।
Generation Z (जेनरेशन वाई)
1997 से 2012 के बीच जन्मल लोगन के Generation Z कहल जाला। एह लोग के Zoomers के नामो से जानल जाला। Gen Z के बचपन आ जुवावस्था पूरा तरे से डिजिटल युग में बीतल बा, जव से ई पीढ़ी टेक्नोलॉजी आ इंटरनेट से गहराई से जुड़ल बिया।
Generation Alpha (जेनरेशन अल्फा)
जेनरेशन अल्फा ओह लईकन के कहल जाला जे 2013 से 2024 के बीच पैदा भइल बा। ई पीढ़ी पूरा तरे से डिजिटल युग में जन्मल बिया। एह जेनरेशन में पैदा होखे वाला लईका बहुते तेज दिमाग आ मल्टीटास्किंग वाला होला लो। ई पहिला पीढ़ी हियs जवन पूरा तरे डिजिटल इकोसिस्टम में बड़ हो रहल बिया।
Generation Beta (जेनरेशन बीटा)
2025 से 2039 के बीच पैदा होखे वाला पीढ़ी जेनरेशन बीटा कहाई। ई पीढ़ी पूरा तरे से एगो हाइपर-कनेक्टेड आ तकनीकी रूप से उन्नत दुनिया में पैदा होखे वाली पीढ़ी हियs। आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI), वर्चुअल रियलिटी (VR), मेटावर्स आ ऑटोमेशन से घिरल ई पीढ़ी अइसन दुनिया में पली, जहां हर चीज खाली एक क्लिक के दूरी पs होई। हालांकि, एकरा सामने कइयन गो बड़ी चुनौतियो होई। जइसे- धरती के तापमान बढ़ल, शहरन के बहुत बड़ा होखल आ दुनियाभर में लोगन कर जनसंख्या बढ़ल आदि।
Read Also: