For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ghaziabad Accident: ट्रेन के चपेट में अइला से तीन युवक के मौत, अबहीं ले शव के नइखे भइल पहचान

08:34 AM Jun 16, 2024 IST | Sonu Kishor
ghaziabad accident  ट्रेन के चपेट में अइला से तीन युवक के मौत  अबहीं ले शव के नइखे भइल पहचान
Advertisement

Ghaziabad Accident: गाजियाबाद के लोनी में आज भोरे दर्दनाक हादसा भइल। हाजीपुर राज इंटर कॉलेज के सामने रेलवे ट्रैक पs तीन युवकन के शव मिलला से इलाका में हड़कंप मच गइल। सूचना के बाद पहुंचल पुलिस शव के पहचान कइल शुरू कऽ देलस। मृतकों के लगे से कीपैड वाला दू गो मोबाइल फोन मिलल बा। पुलिस घटना के कारण के पता लगा रहल बिया।

Advertisement

लोनी में ऐतवार के भोरे दर्दनाक घटना सामने आइल। लोनी बॉर्डर क्षेत्र बेहटा हाजीपुर राज इंटर कॉलेज के सामने ट्रेन के चपेट में अइला तीन गो युवकन के मौत हो गइल।

राहगीर के घटना के जानकारी पुलिस के देले। सूचना पाके घटनास्थल पs पहुंचल स्थानीय पुलिस शव के कब्जा मे लेके शिनाख्त के प्रयास में जुटल बिया।

सहायक पुलिस आयुक्त अंकुर विहार भास्कर वर्मा बतवले की ऐतवार के भोरे लोनी बॉर्डर थाना पुलिस के सूचना मिलल कि राज इंटर कॉलेज के निकट रेलवे ट्रैक पs तीन युवकन के शव पड़ल बा।

सूचना पाके मौका पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जे मे लेके पहचान के प्रयास कइलस। अबहीं ले पहचान ना हो सकल। मृतकन के लगे से कीपैड वाला दू गो मोबाइल मिलल बा। नंबर पs संपर्क कइल जा रहल बा। हादसे के कारण के पता लगावल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement