For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ghaziabad: सुरक्षा गार्ड से अचानक चलल गोली, महिला के लागल; घटना स्थल पऽ पहुंचल पुलिस

03:02 PM Aug 18, 2024 IST | Sonu Kishor
ghaziabad  सुरक्षा गार्ड से अचानक चलल गोली  महिला के लागल  घटना स्थल पऽ पहुंचल पुलिस
Advertisement

अचानक साहिबाबाद के ज्वेलर्स के दोकान में तैनात सुरक्षा रक्षक के बंदूक से गोली चल गईल। सविता नाम के एगो महिला के लाग गइल बा।

Advertisement

गाजियाबाद के साहिबाबाद कोतवाली इलाका के लाजपत नगर में विकास ज्वेलर्स के लगे 50 बरीस के सविता के गोली लाग गइल। उनका के घायल हालत में मोहननगर के नरेंद्र मोहन अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

पुलिस के जांच में पाता चलल कि विकास ज्वेलर्स के दोकान प सुरक्षा रक्षक कृष्णपाल के बंदूक से अचानक गोली चल गइल। जवन जमीन से टकरा के महिला के गोड़ में घुस गईल। सूचना के बाद एसीपी साहिबाबाद रजनीश उपाध्याय अवुरी कोतवाली प्रभारी अजय चौधरी टीम के संगे मौका पs पहुंचले। घायल महिला के हालत ठीक बा। डाक्टर के टीम उनकर इलाज कर रहल बा।

Tags :
Advertisement