For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गाजीपुर में बाराती से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन बिजली के तार, कईगो यात्रियन के जरे के आशंका

04:35 PM Mar 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
गाजीपुर में बाराती से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन बिजली के तार  कईगो यात्रियन के जरे के आशंका
Advertisement

उत्तर प्रदेश के गाजीपुर में यात्री से भरल बस में अचानक आग लाग गईल। एs घटना में बहुत यात्री के मउत के आशंका बा। घटना के पूरा जानकारी के प्रतीक्षा बा। जानकारी मिलल बा कि ई घटना महाहर थाना क्षेत्र के महाहर धाम के लगे भइल बा। एगो यात्री बस जवन बियाह के बराती से भरल रहे, ओकरा पs 11000 वोल्ट के हाई टेंशन बिजली के तार गिर गईल अवुरी बस में अचानक आग लाग गईल। बस में बईठल यात्री के जरे के संभावना बा। हालांकि अबे ले मरेवाला के संख्या के पुष्टि नईखे भईल।

Advertisement

बतावल जाता कि दुर्घटना से मिलल बस में बियाह के मेहमान से भरल रहे अवुरी कुल 38 बियाह के मेहमान रहले।

Tags :
Advertisement