टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar: 'बांटोगे तो काटोगे यात्रा' पs जा रहल गिरिराज सिंह, राहुल गांधी आ वक्फ बोर्ड के बारे में कह देलें ई बात

12:11 PM Oct 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

"बांटोगे तो काटोगे यात्रा" पs सीमांचल के दौरा पs निकलल केंद्रीय मंत्री आ बेगूसराय के सांसद गिरिराज सिंह राहुल गांधी सहित विपक्ष के नेता लोगन पs बड़ हमला बोलले बाड़ें। गिरिराज सिंह बेगूसराय में मीडिया के संबोधित करत कहलें कि राहुल गांधी देस में गृह युद्ध करावल चाहत बाड़ें। ऊ वक्फ बोर्ड के कांग्रेस के नाजायज औलाद कहलें बाड़ें।

Advertisement

वक्फ बोर्ड के बारे में ई बात कहलें

राहुल गांधी पs हमला बोलत गिरिराज सिंह कहलें कि राहुल गांधी देस में गृह युद्ध करावल चाहत बाड़ें। एहिसे ऊ हलुका बात करत रहलें। ऊ कानून के ना मामेले। जदि उनको एतनही रहे तs जम्मू कश्मीर चुनाव के बहिष्कार करे के चाहत रहे। ऊ कहलें कि वक्फ बोर्ड कांग्रेस के नाजायज औलाद के तरे बा, के कहत बाड़ें कि वक्फ बोर्ड जवन कहे उहे सही बा। ऊ कहलें कि वक्फ बोर्ड देस के अइसन संस्था हs जवन जे कहे उहे सही, एहिसे एकरा के खत्म करे के चाहीं।

एकर पार्टी से कवनो लेवे देवे के नइखे 

केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह अपना यात्रा के संबंध में बतवलें कि ई 18 अक्टूबर के भागलपुर से सुरू होके 22 अक्टूबर के खत्म होई। आज से हिंदू स्वाभिमान यात्रा पs हमनी के निकल रहल बानी सs। कुछ लोग एह यात्रा के अपना वोट बैंक के लेके विरोध कs रहल बा लो।। वोट के सौदागर के विरोध कइला से कुछ नइखे होखे वाला। एक दौरान केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह लालू आ तेजस्वी यादव पs सब लोगन पs जमके हमला बोलल। केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह कहलें  कि ई राजनीतिक यात्रा नइखे। ई हिंदुत्व के जगावे के यात्रा हs। ऊ कहलें कि एकर पार्टी से कवनो लेवे देवे के नइखे। ई हिंदू के जगावे खातिर यात्रा कइल जा रहल बा।

Tags :
Bantoge To Katoge Yatrabihar newsGiriraj SinghRahul gandhi
Advertisement
Next Article