टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IAS Officer : अब बिहार के ट्रेनी आईएएस चरचा में अइली, सीवान जिला प्रशासन के तेज रफ्तार गाड़ी बच्ची के जान लेलस

10:04 AM Sep 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
घटना के बाद रोवत-बिलखत परिजन। - फोटो : अमर उजाला
Advertisement

सीवान से पटना के ओर जा रहल अनियंत्रित स्कॉर्पियो मासूम बच्ची के रउद देलस। स्कॉर्पियो के गति एतना तेज रहे कि मासूम बच्ची लगभग पांच सौ मीटर दूर जा गिरल। ओह गाड़ी पs सीवान जिला के प्रशिक्षु आईएएस अधिकारी बइठल रही। सायद इहे कारण बा कि स्कॉर्पियो के चालक आपन गाड़ी के हवा में उड़ावत पटना ले जात रहे। हादसा के बाद इलाका में हड़कंप मच गइल। आसपास के लोगन के भीड़ लाग गइल। परिजन लोग बतावल कि जिला प्रशासन सीवान के गाड़ी में सवार 2022 बैच के ट्रेनी प्रशिक्षु आईएएस नेहा कुमारी के गाड़ी से आठ वर्षीय मासूम बच्ची के जान चल गइल।

Advertisement

प्रशिक्षु आईएएस के थाना लेके चल गइल पुलिस

स्थानीय पंचायत के मुखिया धर्मदेव राय बतवलें कि सीवान से पटना जाये के दौरान छपरा के अवतार नगर थाना क्षेत्र अंतर्गत रामु टोला गांव के लगे तेज रफ्तार स्कॉर्पियों गाड़ी के चपेट में आवे से बच्ची के मौत हो गइल। हालांकि ग्रामीण लोग गाड़ी के जब्त कs लिहल। एने, अवतार नगर थाना के पुलिस प्रशिक्षु आईएएस नेहा कुमारी आ स्कॉर्पियो गाड़ी के लेके थाना चल गइल। एकरा बाद ग्रामीणन में बहुते आक्रोश देखे के मिलल बा। बच्ची के लाश के पुलिस कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेज देलस।

जिला प्रशासन के गाड़ी से हादसा भइल। - फोटो : अमर उजाला

ननिहाल आइल रहे, सड़क पार करे के दौरान भइल हादसा

मृत बच्ची डोरीगंज थाना क्षेत्र के बलवन टोला गांव निवासी निरंजन राय के पांच वर्षीय पुत्री निकिता कुमारी हियs। जे अपने ननिहाल अवतार नगर थाना क्षेत्र के संठा गांव निवासी सिंहासन राय के घरे आइल रहे। ऊ मुख्य सड़क के पार करत रहे, तबे छपरा के तरफ से आ रहल जिला प्रशासन सीवान लिखल स्कार्पियो गाड़ी ओकरा के जोरदार ठोकर मारके फरार हो गइल। ओकरा के घायलावस्था में स्थानीय चिकित्सक के लगे ले जाइल। जहां ओकरा के मृत घोषित कs दिहल गइल। निकिता के मौत के खबर सुनतही ओकरा ननिहाल आ घर में मातम के माहौल छा गइल।

Tags :
Bhojpuri NewsChild KilledIAS Officersiwan newsTrainee IAS
Advertisement
Next Article