For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर के पहिला महिला पायलट सृष्टि तुली सुसाइड कइली, बॉयफ्रेंड करत रहे टार्चर

10:46 AM Nov 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर के पहिला महिला पायलट सृष्टि तुली सुसाइड कइली  बॉयफ्रेंड करत रहे टार्चर
सृष्टि तुली (फ़ाइल फोटो)
Advertisement

गोरखपुर के पहिला महिला पायलट सृष्टि तुली, जे आपन मेहनत से ना खाली परिवार बलुक पूरा शहर के नाम रोशन कइले रहली, अब हमनी के बीच ना रहली। मुंबई के पवई इलाका में सृष्टि के संदिग्ध हालात में मौत सबका के झकझोर देले बा। 25 साल के सृष्टि एयर इंडिया में पायलट रहली आ अपना किरया के फ्लैट में रहत रहली। सोमार के सबेरे उनकर शव उनका कमरा में मिलल। पुलिस एह ममिला में सृष्टि के 27 साल के बॉयफ्रेंड आदित्य पंडित के गिरफ्तार कइले बिया।

Advertisement

एहो सानदार करिअर, बाकिर मुश्किल भरल रिश्ता

सृष्टि तुली अपना उड़ान भरे के सपना गोरखपुर से सुरू कइले रहली। ऊ एयर इंडिया में पायलट बने वाली गोरखपुर के पहिला महिला रहली। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उनका के एह उपलब्धि खातिर सम्मानित कइले रहली। बाकिर निजी जिनगी में उनकर रिश्ता ओतही मुश्किलन भरल रहे।

इहो पढ़ीं: Mewar Royal Family: राणा कुंभा से लेके महाराणा प्रताप तक से जुड़ल बा मेवाड़ घराना, अब सड़क पs काहे आइल लड़ाई?

परिजनन के आरोप बा कि आदित्य, जवन खुद पायलट बने के तैयारी करत रहे, सृष्टि के संगे दुर्व्यवहार करत रहे। ऊ सार्वजनिक रूप से ओकरा पs चिल्लाता रहे, नॉनवेज खाये से रोकत रहे आ कइयन बेर उनका के अपमान करत रहे। सृष्टि के चाचा विवेक तुली बतवलें कि आदित्य उनका के ब्लैकमेल करत रहे, कार के नुकसान पहुंचावत रहे आ बीच रस्ता उनका में उतार देत रहे।

सृष्टि तुली आ आदित्य के बीच भइल रहे झगड़ा

पुलिस के मोताबिक, अतवार के सृष्टि आ आदित्य के बीच झगड़ा भइल रहे। झगड़ा के बाद आदित्य रात एक बजे दिल्ली खातिर रवाना भइल। एकरा बाद सृष्टि ओकरा के फोन कs के आत्महत्या के धमकी देली। जब आदित्य वापस लवटल, तs ऊ पवलस कि सृष्टि के कमरा अंदर से बंद रहे। चाबी बनावे वाला के मदद से दरवाजा खोलल गइल, तs सृष्टि बेहोश हालत में मिलली। आदित्य उनका के सेवन हिल्स अस्पताल लेके गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

आरोपी के चार दिन के रिमांड पs लिहल गइल

पवई पुलिस स्टेशन के वरिष्ठ निरीक्षक जितेंद्र सोनवाने बतवलें कि आदित्य के खिलाफ आत्महत्या खातिर उकसावे के ममिला दर्ज कइल गइल बा। फिलहाल पुलिस आरोपी के चार दिन के रिमांड पs लेले बिया। सृष्टि के फोन जांच खातिर लैब भेजल गइल बा। ओहिजा, परिजन एकरा के आत्महत्या ना, बलुक हत्या के ममिला बतावल बा।

सैनिक परिवार से ताल्लुक, शहर के गौरव रहली सृष्टि

सृष्टि तुली गोरखपुर के एगो प्रतिष्ठित परिवार से रहली। उनकर दादा 1971 के भारत-पाक युद्ध में शहीद भइल रहस आ उनकर चाचा सेना में सेवा दे चुकल बाड़ें। सृष्टि गोरखपुर के नाम रोशन करत पायलट बने के सपना पूरा कइले रहली।

इहो पढ़ीं: Notorious Maoist Chhotu Kharwar : बूढ़ापहाड़ के कुख्यात माओवादी कमांडर छोटू खरवार के हत्या, पुलिस जांच में जुटल

उनकर परिजन अब न्याय के गुहार लगा रहल बा लो। सृष्टि के चाचा बतवलें कि व्यस्तता के कारण ऊ अपना बहिन के सगाई तक में ना जा सकल रहे। उनकर माने के बा कि आदित्य के लगातार मानसिक उत्पीड़न सृष्टि के एह हद तक पहुंचा दे।

Advertisement