टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gold Price Today: सोना के कीमतन में भइल उलटफेर, जानी का बा 24, 22 आ 18 कैरेट गोल्ड के रेट

03:34 PM Dec 19, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

मंगल के कारोबारी सत्र में सोना के दाम में बढ़ोतरी देखाई देलस। भारतीय बुलियन ज्वेलर्स एसोसिएशन (आईबीजेए) के मुताबिक, आज 24 कैरेट सोना के दर 62,020 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गईल बा, जवन कि पहिले 61,902 रुपिया प्रति 10 ग्राम रहे। बता दीं कि पछिला कुछ दिन से सोना के दाम में लगातार गिरावट आईल बा अवुरी काल्ह के सत्र में इs 61,800 के स्तर ले पहुंच गईल रहे। चांदी के भाव 73,600 रुपिया के आसपास रही।

Advertisement

22, 18 अउर 14 कैरेट सोना के दर

भारतीय बुलियन ज्वेलर्स एसोसिएशन के मुताबिक 22 कैरेट सोना के दर 60,530 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गईल बा। एकरा संगे 20 कैरेट सोना के भाव 60,530 रुपिया प्रति 10 ग्राम, 18 कैरेट सोना के दर 50,240 रुपिया प्रति 10 ग्राम अवुरी 14 कैरेट सोना के 10 ग्राम सोना के दर 4,000 रुपिया हो गईल बा। सोना के शुद्धता के हिसाब से अलग-अलग श्रेणी में बांटल जाला। 24 कैरेट के सबसे शुद्ध सोना मानल जाला।

अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना के दर

अंतर्राष्ट्रीय बाजार में सोना चांदी के दाम में बढ़ोतरी देखल जा रहल बा। सोना के दाम 2,041 डॉलर प्रति औंस पs चलत बा जवन 0.16 फीसदी भा 1 डॉलर बढ़ के बा। चांदी के दाम 24.22 डॉलर प्रति औंस पs बा जवन 0.44 फीसदी यानी 0.108 डॉलर बढ़ के बा। बता दीं कि अमेरिकी फेड के ओर से ब्याज दर में नरमी के संकेत मिलला के बाद सोना चांदी के दाम बढ़ रहल बा।

वायदा बाजार में सोना के दाम

खबर लिखे के समय तक वायदा बाजार में सोना में तनी गिरावट अवुरी चांदी में तनिका बढ़ोतरी देखाई देता। 05 फरवरी 2024 के सोना के कॉन्ट्रैक्ट 62,221 रुपिया प्रति 10 ग्राम बनल बा। एकरा संगे 05 मार्च 2024 के चांदी के कॉन्ट्रैक्ट 0.19 प्रतिशत बढ़ के 74,551 रुपिया प्रति किलो के कारोबार होखता।

 

 

Tags :
Businessgold price todayGold Silver PriceMoneyपैसाव्यापार
Advertisement
Next Article