टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सारण के बेरोजगार युवा लो खातिर निजी कंपनियन में नौकरी के सुनहरा मौका

09:26 AM Oct 17, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रस्तुती खातिर तस्वीर
Advertisement

छपरा। बिहार कौशल विकास मिशन राज्य के बेरोजगार युवा के निजी क्षेत्र में रोजगार देवे खातिर “संकल्प” योजना के तहत संभागीय स्तर पऽ दु दिन के योजना-सह-मार्गदर्शन मेला के आयोजन करी।

Advertisement

जिला योजना अधिकारी शोभा कुमारी जानकारी देली कि बिहार कौशल विकास मिशन के ओर से चलावल जाए वाला “संकल्प” योजना के तहत श्रम संसाधन विभाग, बिहार, पटना के तत्वावधान में दु दिन के संभागीय स्तर के योजना-सह-के आयोजन उप निदेशक (नियोजन) के ओर से कइल गइल। तिरहुत आ सारण संभाग के मार्गदर्शन मेला 18 आ 19 अक्टूबर 2024 के मुजफ्फरपुर के रामदयालु सिंह कॉलेज के मैदान में होखे वाला बा।

एह मेला में भाग लेवे के इच्छुक आवेदक के आपन बायोडाटा, फोटो, शैक्षणिक आ तकनीकी योग्यता प्रमाण पत्र, अनुभव से जुड़ल प्रमाणपत्र के संगे बोलावल जाला रोजगार मेला में भाग लेवे खातिर आवेदक के कवनो रोजगार कार्यालय में पंजीकृत होखल अनिवार्य बा जे अबहीं तक एनसीएस पोर्टल पऽ आपन रजिस्ट्रेशन नइखे कइले, उ www.ncs.gov.in पऽ रजिस्ट्रेशन करावे के चाही।

प्लेसमेंट मेला में खाली निजी क्षेत्र के कंपनी भाग ले रहल बाड़ी सन, जवन रिक्ति आ नियुक्ति के शर्त आ चयन के मापदंड के जिम्मेदारी रोजगार देवे वाली कंपनी के होई। ई नियोजन मेला पूरा तरह से मुफ्त बा।

Tags :
chapra newsChhapra Bihar newsChhapra ne rojgarkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsRojgar Mela
Advertisement
Next Article