टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Goldy Brar Death:अमेरिका में गोल्डी बराड़ के मारल जाए के खबर, सिद्धू मूसेवाला मर्डर केस के रहे मास्टरमाइंड

09:56 PM May 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पंजाबी गायक सिद्धू मूसेवाला के हत्या के बाद मीडिया में उनुकर नाम चर्चा में बा। हालांकि एकरा से पहिले भी उs बहुत अपराध कईले रहले। चंडीगढ़ में चचेरा भाई गुरलाल बराड़ के हत्या के बाद अपराध के दुनिया में प्रवेश कईले गोल्डी बराड़। पंजाब विश्वविद्यालय के छात्र नेता गुरलाल बराड़ के 11 अक्टूबर 2020 के रात में औद्योगिक क्षेत्र फेज-1, चंडीगढ़ में स्थित क्लब के बहरी गोली मार के हत्या कs दिहल गईल।

गोल्डी के चचेरा भाई गुरलाल लॉरेंस के करीबी रहले

गोल्डी बराड़ के चचेरा भाई गुरलाल ब्रार लॉरेंस बिश्नोई के सबसे नजदीक रहले। गुरलाल बराड़ के हत्या के बाद लॉरेंस गैंग सोशल मीडिया पs लिखले रहले कि अब एगो नाया जंग शुरू हो गईल बा, सड़क पs खून ना सुखी।

एही बीच गोल्डी ब्रार स्टडी वीजा पs पढ़े खातिर कनाडा गईल रहले। बाकिर गुरलाल के हत्या के बाद उs जरायम के दुनिया में चल गईले। खुद कनाडा से गोल्डी हत्या के साजिश रचे। एही में से एगो घटना गुरलाल सिंह के हत्या के घटना भी रहे।18 फरवरी 2021 के पंजाब के फरीदकोट में जिला युवा कांग्रेस के अध्यक्ष गुरलाल सिंह के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल रहे। गोल्डी बराड़ अपना भाई के हत्या के बदला लेवे खातीर युवा कांग्रेस नेता के हत्या कs देले रहली।

मूसेवाला के हत्या मई 2022 में भईल रहे

29 मई 2022 के पंजाब के मानसा जिला के जवाहरके गांव के लगे पंजाबी गायक सिधु मूसेवाला के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल रहे। गोल्डी बराड़ एह हत्या के जिम्मेदारी लेले रहले। गोल्डी हत्या के कारण भी बतवले। गोल्डी के मुताबिक मोहाली के मिड्डुखेड़ा के हत्या में शामिल लोग के मूसेवाला के मैनेजर आश्रय देले रहले। बाद में मूसेवाला अपना मैनेजर के मदद कइले. एह प्रतिद्वंद्विता के चलते लॉरेंस गिरोह मूसेवाला के हत्या कs दिहलस। पंजाब के मुक्तसर जिला के मलौट में रंजीत सिंह उर्फ ​​राणा सिद्धू के हत्या में भी गोल्डी बराड़ शामिल रहले। हत्या से शुरू भइल ई अपराध के सिलसिला आजुओ जारी बा.

 

 

 

Tags :
chandigarhCrime News CrimeGoldy Brar Deathnews in bhojpuriPunjabi SingerPunjabi Singer Sidhu Moosewala
Advertisement
Next Article